अंकित अपहरण आ हत्या कांड में तीन जने ऊपर मुद्दा दायर

    248

    वीरगञ्ज, १० सावन ।

    करीब दु महिना पहिले एगो बच्चा के अपहरण कर के हत्या कईल के आभियोग में एक महिला सहित तीन जने ऊपर बारा प्रहरी द्वारा अपहरण अउरी शरीर बन्धक सम्बन्धी मुद्दा चलावल गईल बा ।

    जिल्ला प्रहरी कार्यालय के मुताबिक पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–७ घर होके वीरगञ्ज महानगरपालिका के वार्ड नं २४ रानीघाट में रहेवाला रामप्रवेश साह, उनकर भौजी पार्वती देवी गिरी अउरी भारत के बेतिया के रहनियार सुरज गिरी द्वारा जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वडा नं ७ निवासी ललनप्रसाद साह के नव बरीष के बेटा अंकित साह के अपहरण करके हत्या कईल के आरोप लागल बा । ई तीनु जने ऊपर मुद्दा दायर करके आउर एक आदमी के खोजी होरहल क़हत अनुसंघन आगे बढ़ावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक रञ्जितसिंह राठौर बतईनी ।

    अपहरणकारी द्वारा अंकित के जेठ २२ गते सझिया मोटरसाइकल पर राख़ के अपहरण कईला बाद बेर बेर कर के अभिन तक ६४ लाख ५० हजार भारू फिरौती रकम लेचुकला के बाद भी बच्चा वापस करके के जगह उल्टे कुछ दिन बाद हत्या कईल अनुसन्धान में खुल्न खुलल बा । आरोपित रामप्रवेश के बितल ७ गते उनके घर से ३ लाख ३६ हजार भारतीय रुपैयाँ आ अपहरण में प्रयोग भईल मोटरसाइकल सहित पक्राव कईल गईल रहे ।

    बच्चा के शव इहे साउन ३ गते पर्सा के जगरनाथपुर के गण्डक नहर किनारे सड़ल अवस्था में मिलल रहे । ओह घटना में संलग्न आउर कोई के खोजी हो रहल बारा प्रहरी द्वारा जनावल गईल बा । मृतक साह के हत्या के विरोध में बुध के जितपुर प्रदर्शन भी भईल रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here