अंतराष्ट्रीय कराते खेल मे जनकपुरियन खेलाडी जितले स्वर्ण सहित चार गो पदक 

118

जनकपुरधाम, ११ पुष ।

भारत के कलकता मे हो रहल अंतराष्ट्रीय दुसरका क्योकुशीन कराते खेल मे जनकपुर के खेलाडी लोग बहुते बढ़िया प्रदर्शन कईले बा लोग ।

वेस्ट बङ्गाल के पराड्ङागा मे कुछ दिन पहिले पूरा भईल खेल मे जनकपुर के दु गो खेलाडी स्वर्ण सहित चार गो पदक जीते मे सफल भईल लोग । नेपाल क्योकुशीन कान कराते संघ प्रदेश नम्बर २ के बरिष्ट प्रशिक्षक मोहम्म्द असगर खाँ के नेतृत्व मे गईल पाँच गो खेलाडी लोग के समूह चार गो पदक जीते मे सफल भईल लोग । ४५ कीलो के तौल समूह मे इरफान खान स्वर्ण, ३० किलो तौल समूह मे अरमान साफ़ी स्वर्ण पदक जितले बा लोग ।

ओइसे ही ५५ किलो तौल के समूह ओर रुस्तम खान आ ५० किलो तौल समूह मे देव मण्डल कांस्य पदक जितले लोग टिम के कोच समेत रहल मोहम्म्द खाँ जानकारी करवले ।

यीहा जनकपुर के खेलाडी लोग के खेल प्रदर्शन के आयोजक बहुते प्रसंशा काईलख समूह के म्यानेजर शंकर यादव कहले । उ पदक जितेवाला खेलाडियन के एगो कार्यक्रम मे सम्मान करे के कार्यक्रम रहल बा जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here