The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

अउरी ४ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज, वीरगन्जको आइसोलेसन मे अब ५ जने इलाजरत

वीरगंज, १५ जेठ ।

वीरगंज से अउरी चार जने कोरोना संक्रमित ठीक हो के घरे वापस गईल बा लोग । वीरगंज के आइसोलेसन मे रहल ९ जने संक्रमित्त मे से आज ४ जने ठीक हो के वापस गईला के बाद अब संक्रमित संख्या घट के ५ आदमी रह गइल बा ।  बुध के रात मे ४ जने संक्रमित कोरोना के जीतत घरे वापस लौटल बा लोग ।

पर्सा आ दोसर जिल्लन के कर के इलाज करे खातिर भर्ना भइल १०२ संक्रमित मे से ९७ जने ठीक हो के घरे जा चुकल बा लोग । अभी वीरगंज के आइसोलेसन मे अब जम्मा ५ गो ही संक्रमित इलाजरत बा लोग । बुध के रात मे मे ४ जने संक्रमित कोरोना के जीत के घरे वापस गइल लोग विशेष कोरोना गण्डक अस्पताल के कोर्डिनेटर डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहले ।

डाक्टर सिंह के हिसाब से १२ दिन मे कोरोना के जितत बुध के रात मे ४ जने संक्रमित घरे गइल बा लोग वीरगंज ३ छपकइया के उ लोग जेठ २ गते संक्रमण पुष्टि भइला के बाद आइसोलेसन मे लिया के राखल गइल रहे ।

लगातार २ बेर के पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ अइला के बाद बुध के रात के ९ बजे चारु जने के डिस्चार्ज कईल गइल डाक्टर सिंह जानकारी करवले । एकरा से पहिले मंगर के रात मे भी विशेष कोरोना गण्डक अस्पताल से ही २ जने संक्रमित के डिस्चार्ज कईल गइल रहे । चइत २९ गते से ले के जेठ ११ गते तक वीरगंज के आइसोलेसन मे पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही आ भारत के कर के १ सय २ जने संक्रमित के इलाज खातिर भर्ना कईल गइल रहे ।

प्रतिकृया
Loading...