अनेरास्वीयु क्रान्तिकारी से ठा.रा.ब. क्याम्पस प्रमुख के ११ बुंदे ज्ञापन

77

वीरगंज, १४ चैत

अनेरास्वीयु क्रान्तिकारी, ठा.रा.ब. क्याम्पस, इकाई समिति, वीरगंज से आजु क्याम्पस प्रमुख के ११ बुंदे ज्ञापन पत्र बुझावल गइल बा । अखिल क्रान्तिकारी पर्सा के जिल्ला संयोजक मित्रदेव यादव के नेतृत्व क्याम्पस पुगल एक बिद्यार्थी सब एक समुह से अनेकन मांग राख्त प्रशासन प्रमुख राजकुमार श्रीवास्तव मार्फत क्याम्पस प्रमुख के ज्ञापन पत्र बुझावल गइल बा । ज्ञापन पत्र बुझावे क्याम्पस पुग्ला पर क्याम्पस प्रमुख, सहायक क्याम्पस प्रमुख ना भेटला पर प्रशासन प्रमुख के ज्ञापन पत्र बुझाव के परल क्याम्पस इकाई समिति के संयोजक संदिप बिक्रम साह बतइलन ।

क्याम्पस प्रमुख के फोन पर बारम्बार करे के प्रयास कइला पर भी ना होखे सकल साह बतइलन ।बिधार्थी सब सर्टीफिकेट के आधार पर शैक्षिक लोन देवे के ब्यवस्था तत्काल कार्यान्वयन करे के परल, बिद्यार्थी सब के अध्ययन साथे पार्ट टाइम जब के ब्यवस्था करे के परल, राष्ट्रिय आवश्यकता के पहिचान कके ओही अनुसार के पाठ्यक्रम आ प्रविधि के निर्माण कर के आवश्यक जनशक्ति तयार करे के परल, प्रश्न पत्र नेपाली आ अंग्रेजी दुनु भाषामा मे होखे के परल, सब क्याम्पस मे शैक्षिक शुल्क बराबर होखे के परल, स्वास्थ्य बिमा प्रभावकारी ढंग से कार्यन्वय करे के लगायत के ९ बुंदे मांग राख्त ठा.रा.ब. क्याम्पस इकाई समिति के संयोजक साह द्वारा हस्ताक्षरित ज्ञापन पत्र बुझावल गइल बा । ज्ञापन पत्र बुझावे जाएवाला समुह मे अखिल क्रान्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य इशक कुमार, जुवेर आलम लगायत के लोग के सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here