अन्जु पन्त फाउन्डेसन द्वारा पर्सा के दलित लइकन के शैक्षिक सामग्री सहजोग

269

आस, वीरगंज, सावन २४

पर्सा जिल्ला के सखुवाप्रसौनी गांवपालिका –५ , महुवन में रहल दलित प्राथमिक स्कूल में अन्जु पन्त फाउन्डेसन दलित लइकन सब के शैक्षिक सामग्री सहयोग कइले बा ।

आर्थिक अवस्था कमजोर रहल दलित लइकन लोग के ब्याग आ टि–शर्ट मिलला पर खुश भइल बाड़े । रोजाना मजदुरी करके गुजर बसर करत आइल दलित समुदाय के अभिभावक लोग के आर्थीक अवस्था कमजोर रहला से एह समुदाय के बच्चासब के शिक्षा में पहुँच कमे रहेला । दलित समुदाय के लईकन के स्कूल में भर्ना त होजाला माकिर शैक्षिक सामग्री के अभाव से घर में ही रहे पर विवस होले ।

दलित बच्चासब के निरन्तर स्कूल में पहुच होखों कहके महुवन के दलित प्राथमिक स्कूल के २ सय जने विद्यार्थी सब के ब्याग, टि–शर्ट तथा शैक्षिक सामाग्री वितरण कइल गइल फाउन्डेशन के संचालिका गायिका पन्त बतइली ।

एसे पहिले भी गायिका पन्त द्वारा पर्सा के अनेकन स्कूल में सहयोग कइल गइल बा । दलित तथा बिपन्न समुदाय में निरन्तर रूप से अन्जु पन्त फाउन्डेसन द्वारा होत आइल सहयोग सराहनीय रहल दलित अधिकार समाज पर्सा के अध्यक्ष मनोज राम बतइले बाड़े ।

समाजिक क्षेत्र में अञ्जु पन्त द्वारा होत आइल कार्य प्रति पिस फोर दलित फाउन्डेसन पर्सा लगायत लइकन के अभिभावक लोग भी सहयोगी दाता के धन्यवाद देहले । दलित प्राथमिक स्कूल महुवन के स्कूल व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष गणेश महरा के अध्यक्षता में उक्त कार्यक्रम सम्पन्न भइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here