अन्तराष्ट्रिय महिला दिवस अनेकन कार्यक्रम साथ वीरगंज मे मनावल जाई

145

 वीरगंज, फागुन २३ –

अन्तराष्ट्रिय महिला दिवस २०१८ मनावे खातिर वीरगंज मे अनेकन कार्यक्रम आयोजना होखे जारहल बा । सृजनसिल युवा लोग के समुह संस्कृति द्वारा वोमन स्किल सेन्टर अउरी सानो पाइला के संयुक्त आयोजना मे अन्तर्राष्ट्रिय महिला दिवस २०१८ मनावेके खातिर एक दिने अन्तरक्रिया कार्यक्रम आयोजना होखे जा रहल बा ।

‘कार्यस्थल पर होखे वाला लैङ्गिक दुर्व्यवहार’ विषय पर होखे जारहल उक्त अन्तरक्रिया कार्यक्रम मे अनेकन महिला अधिकार कर्मी, महिला नेतृ, पत्रकार, समाज सेवी, विद्यार्थी, शिक्षक लगयात अन्य पेश से जुडल आदमी लोग के सहभागी होखेवाला बा । वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के सभा हल मे आयोजना होखे जारहल अन्तरक्रिया कार्यक्रम मे नेपाल मे महिला लोग के अवस्था अउरी कार्यस्थल पर होखेवाला लैङ्गिक दुर्व्यवहार लगायत के विषय सब पर छलफल होई संस्कृतिकि टिम लिडर शैली चौधरी बतईनी ।

कार्यक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के नगर उप-प्रमुख शान्ति कार्की, पोखरिया नगरपालिका के उप-प्रमुख सल्मा खातुन, महिला अधिकारकर्मी सुष्मा तिवारी द्विवेदी, लक्ष्मी दत्त, ममता राजकर्णिकार, दर्शना झा, आरती झा पत्रकार माधुरी महतो लगयात के उपस्थित रही चौधरी द्वारा जानकारी देहल गईल ।

वीरगंज मे लैङ्गिक दुर्व्यवहार अउरी हिँसा सम्बन्धि बहस सुरु करेके वातावरण सुरु करे खातिर उक्त कार्यक्रम के आयोजना भईल आयोजाक संस्था लोग के कहनाम बा । ‘आर्थिक नगर कहाएवाला आपन वीरगंज मे होखेवाला लैङ्गिक हिँसा सम्बन्धि बहुते घट्ना सब घटेला, हम खुद अइसन कैयन दुर्व्यवहार के सिकार भईल बानी, बाक़िर ऐकरा बारे मे चर्चा कर देवेवाला कवनों संस्था नईखे,’ चौधरी कहली, ‘ओहिसे हमनी के संस्था द्वारा वीरगंज क्षेत्र मे महिला अधिकार खातिर काम करत आरहल दोसर संस्था सभनसे समन्वय करके ई कार्यक्रम आयोजना कईल जारहल बा ।’

ओईसही सानो पाइला के आयोजना मे वीरगंज मे एक दिने महिला लोगन खातिर विशेष आत्म रक्षा सम्बन्धि तालिम होखे जा रहल बा। महिला दिवस के अवसर पारके हमनी के संस्था द्वारा महिला लोगन खातिर विशेष रुप से ई आत्मा रक्षा सम्बन्धि तालिम करे जारहल बानी, सानो पाइला के रौनक राज सर्राफ कहनी । ‘ई पहिला चरण के तालिम हवे आवेवाला दिन मे पुन: अइसन आत्म रक्षा के तालिम हमनी के संस्था से करावल जाई,’ सर्राफ कहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here