अन्तराष्ट्रीय सांस्कृतिक पर्यटकीय क्षेत्र के रूप मे गढीमाई के बिकास करे लाय जोड़ देहली राष्ट्रपति

    180

    वीरगंज, १२ कुवार ।

    राष्ट्रपति बिधादेवी भण्डारी देश के पर्यटन प्रबर्द्धन आ अर्थतंत्र के बिकास मे गढ़ीमाई क्षेत्र के बड़का योगदान बा बतवली । एतवार से शुरू भइल बारा जिल्ला के गढ़ीमाई पञ्चबर्षीय मेला के शोभायात्रा समारोह आ मंदिर दर्शन कार्यक्रम के टेलीफोन से उद्धघाटन करत राष्ट्रपति भण्डारी प्रसिद्ध गढ़ीमाई मेला से यीहा के मौलिक संस्कृति के बिकास मे मदत मिले के बिश्वस बा कहली । राष्ट्रपति भण्डारी अंतराष्ट्रीय सांस्कृतिक पर्यटकीय क्षेत्र के रूप मे गढ़ीमाई क्षेत्र के बिकास करे मे जोड़ देहली ।

    हरेक साल तराई समेत यी क्षेत्र मे आवेवाला बाढ़ आ नदी के कटान के चलते बहुते अन्नबाली के क्षति भइला से एकरा के रोके लाय दीर्घकालीन उपाय खोजे खातिर जोड़ देहली । नेपाल सरकार द्वारा गढ़ीमाई नगरपालिका नमूना शहर के रूप मे बिकास करे खातिर आगा बढ़ावल डेग पूरा होई क़हत प्रदेश नम्बर २ के सरकार के आगा बढ़ावल “बेटी बचाव बेटी पढ़ाव” कार्यक्रम मे भी आपन पूरा समर्थन बा बतवली ।

    उ यी क्षेत्र मे सरकार मछरी पालन कर के आत्मनिर्भर बनावे लाय मछरी सुपर जोन कार्यक्र्म आगा बढ़ावले बा बतावत यीहा के कृषि, शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र के बिकास करे खातिर संघीय सरकार हरवक्त तैयार बा बतवली ।

    हरेक पाँच पाँच साल मे लागेवाला यी मेला के शोभायात्रा के उद्धघाटन मे गढ़ीमाई नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत शालिग्राम ढकाल, उच्च अदालत जनकपुर वीरगंज के मुख्य न्यायधीश दिल्लीराज आचार्य, सांसद रमेश प्रसाद यादव, गढ़ीमाई ट्रष्ट के अध्यक्ष रामचन्द्र साह समेत सभे कोई गढ़ीमाई के महिमा के बारे मे बतवले लोग । उद्धघाटन के बाद गढ़ीमाई मंदिर से कलश यात्रा निकालल गईल रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here