अपने बेटी के बलात्कारी आ हत्यारा के छोड़ावे खातिर मातारी रिट दायर कईली |

126

राजेश अभिराज यादव

फागुन २६ राजबिराज

आपन चाचा के बेटी के साथे बलात्कार कर के घेट दाब के हत्या करे के दोषमें प्रहरी अनुसन्धान कार्य में  पीड़ित परिवार ही सहयोग करे से मना कर देहले बा | बलात्कार के बाद ह्त्या कईल गईल नाबालिक के माई रमिला देबी दोषी के छोड़ावे खातिर उच्च अदालत राजबिराज में बन्दीप्रत्यक्षीकरण के रिट देहेले बाड़ी कह के कान्तिपुर में खबर आईल बा |

आपने बेटी के हत्या आ बलात्कार के दोषी के छोड़ावे मातारी ही अईला के करते प्रहरी अचम्भित हो गईल कह के अनुसनधान कर रहल सप्तरी के एगो प्रहरी अधिकृत कहले | बलात्कार आ हत्या कईला के आरोप में पकडाईल राजदेव के छोडावे खातिर रमिला देवी इलाका प्रहरी कार्यालय कल्याणपुर, इलाका इन्चार्ज आ जिल्ला आदालत सहित के बिपक्षी बना के मुद्दा दायर कईले रहली | मुद्दा में उच्चआदालत जनकपुर के राजबिराज इजलास के न्यायधिस मोहनबहादुर कार्की बन्दी आ लिखित जबाफ सहित रास्ताके म्याद के आलावा ४८ घंटा के भीतर उपस्थित होखे खातिर बिपक्षी के नाम में आदेश जारी करलवे रहले |

बिपक्षी प्रहरी सरकारी वकील कार्यालय मार्फत जबाफ पेस कईलाके बाद बईठल आदालत के इजलास पकडाईल राजदेव मण्डल के जबरदस्ती करणी आ कर्तब्य ज्यान मुद्दा में थुनुवा पुर्जी देहले रहे , जिल्ला अदालत से म्याद थप कईल गईल आ अनुसन्धान खातिर मण्डल के न्यायिक हिरासत में राखे के देखेल गईल बा कहते बन्दीप्रत्यक्षीकरणके आदेश जारी होखेवाला स्थिति ना रहल कह के आदेश देहल गईल |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here