बियाह के ३ महीने मे ही मेहरारू के घेंट दाब के हत्या, पति प्रहरी हिरासत मे

319

बारा, २९ सावन ।

अपने मेहरारू के हत्या के दोष मे बारा प्रहरी एगो युवा के पकडले बा । देवताल गांवपालिका – ६ रौवाही मे एतवार के रात के आपन मेहरारू के हत्या कईला के दोष मे सोमार के बारा प्रहरी २२ साल के अनिल प्रजापति के पकडले बा ।

१९ साल के मेहरारू ममता देबी पण्डित के घेंट दाब के मुवावे के दोष मे उनका के पकडल गईल बा बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक रंजीत सिंह राठौर जानकारी करवले ।

एतवार के रात मे करीब ११ बजे पण्डित के शंका से भरल मरन के खबर मिलला के बाद घटनास्थल पहुचल प्रहरी समूह पूछताछ कईला पर उनकार हत्या उनके पति प्रजापति कईले बात खुलल प्रहरी नायब उपरीक्षक राठौर बतवले ।

“हमनी जल्दी से घटनास्थान पहुच के घटना के गहन अनुसंधान कईला पर पति ही हत्या कईले बा पता लागल” प्रहरी प्रवक्ता राठौर कहले । तीन महिना पहिले बैशाख २८ गते रौतहट के चंद्रपुर नगरपालिका-१० के रहनियार ममता देबी पण्डित संघे प्रजापति के घरपरिवार के राजी खुशी बियाह भईल रहे ।

प्रहरी के हिसाब से मरद मेहरारू मे साधारण बात के लेके बीबाद भईल रहे आ पति खीस मे आके घेंट दबा देहला पर ममता के मृत्यु हो गईल शुरुवाती अनुसंधान से बात खुलल

 पत्नी के मरगईला के बाद प्रजापति आ उनकर परिवार अंजान समहू मे आइल कुछ आदमी लोग हमनी के ऊपर आक्रमण कईले रहे क़हत प्रहरी के खबर कईले रहे लोग प्रहरी प्रवक्ता राठौर बतवले । साधारण विवाद के कारण प्रजापति आपन मेहरारू के अपने हत्या कईले कह के स्वीकार कईले बाड़े । घटना होखे के भीतर के बात अभी तक नईखे खुले सकल प्रहरी जानकारी करवले बा ।

प्रहरी के अनुसंधान के क्रम मे प्रजापति प्रहरी के आगा मेहरारू के हत्या के बात स्वीकार कईले । प्रजापति के ऊपर कर्तव्य जान के मुद्दा मे सोमार के दिने बारा जिल्ला आदालत से ४ दिन के म्याद औरी ले के अनुसंधान आगा बढ़ावल गईल बा प्रहरी नायब उपरीक्षक राठौर बतवले । श्रोत : अनलाईन खबर

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here