अपहरणकर्ता के गोली मार के पर्सा प्रहरी कईलख अपहरित लईका के उद्दार

1137

वीरगंज, २० कार्तिक .

अपहरणकर्ता के गोली मार के पर्सा प्रहरी वीरगंज के अपहरित एगो लईका के शकुसल उद्दार कईले बा । वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर २५ सिरिसिया घर भईल अजमद खान आपन १४ साल के बेटा के साथे काभ्रे जिल्ला के बनेपा में रहत आइल रहले ।

बनेपा से वीरगंज आवे के समय में रास्ते में से ही अपहरण में परल खान के बेटा के शकुसल रिहाई खातिर अपहरणकर्ता के ओर से उनके बेटा के मोबाइल से बारम्बार १२ लाख फिरौती देवे के ना त तोहरा बेटा के ह्त्या कर देहेम धमकी देत आइल रहले ।

आजू अंदाजन १:१५ के समय मे अपहरणकर्ता भारतीय मोटरसाइकिल BR.22J 0803 से फिरौती लेवे खातिर सिरिसिया, खालवा टोला आ के अपहरित लईका के बाबु के पेस्तोल देखावत पैसा के झोरा छीन के भागे के समय अपहरणकर्ता के पकडे के बेरा प्रहरी द्वारा चलावल गोली अपहरणकर्ता के दाहिना गोड में गोली लाग के घायल हो भईल आ प्रहरी अपहरणकर्ता के अपना नियन्त्रण में ले के अपहरित लईका के अज्ञात जगह से शकुसल उद्दार कईलख । घायल अपहरणकर्ता के इलाज अभी नारायणी अस्पताल में हो रहल बा पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

पर्सा जिल्ला पोखरिया नगरपालिका वाड नम्बर ६ सेनवरिया निवासी जोख्खु दास के २० साल के बेटा राज कुमार दास अपहरणकर्ता के रूप में पहिचान भईल बाड़े ओइसे ही अपहरण में सामिल दोसर २ जाने अभी ले फरार बाड़े प्रहरी जानकारी देहले बा ।

अपहरणकर्ता के साथ में १ गो लोडेड पेस्तोल, ४ गो पेस्तोल के गोली, १ गो मोबाइल, १ ब्लूटूथ इयरफोन आ एगो बैग मिलल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here