अब के शिक्षा आधुनिक आ व्यवसायिक होखेके चाही – मुख्यमंत्री लालबाबू राऊत

46

राजेश अभिराज यादव

जनकपुरधाम, चैत १४

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत द्वारा अब के शिक्षा आधुनिक आ व्यवसायिक होखे के चाही बतवले बानी।

एन प्याब्सन प्रदेश समिति द्वारा आजू जनकपुर मे आयोजीत स्वागत तथा सम्मान कार्यक्रम मे मुख्यमन्त्री राउत द्वारा अभिन के पारम्परिक शिक्षा से प्रदेश आ देश के विकास ना होखी क़हत आधुनिक आ व्यवसायिक शिक्षा तरफ आगे बढ़ेके बतवनी ।

परम्परागत शिक्षा अन्तराष्ट्रिय स्तर मे बिकाए ना सकेवाला भइला से अब प्राविधिक आ गुणस्तरीय शिक्षा तरफ प्रदेश सरकार आगे बढ़ल बतावत ओमे निजी क्षेत्र के सहयोग आवश्यक रहल कहनी । मुल्क के शिक्षा मे निजी क्षेत्र के योगदान स्वागत योग्य रहल क़हत अब गुणस्तरीय शिक्षा खातिर आगा बढ़ला पर जोड़ देहनी। सामुदायिक विद्यालय से खाली शिक्षा के गुणस्तर मे सुधार ना होई बतावत सब कोई मिलके गुणस्तरीय शिक्षा मे प्राथमिकता देवल जरूरी बा उहाँ के कहनाम रहे ।

शिक्षा मे प्रदेश नं. २ के अवस्था आउर दयनीय रहल बतावत उहाँ आगे कहनी की शिक्षा को जोत से दूर रहल दलित विपन्न परिवार के बालबच्चा खातिर प्रदेश सरकार से विशेष शिक्षा योजना आरहला से ओमे सब कोई के सहयोग करे खातिर आग्रह कइनि । प्रदेश नं. २ के गरीबी आ अशिक्षा विरासत मे मिलल बतावत ओकर अन्त करत समृद्ध प्रदेश के निर्माण खातिर सब केहु के एक जुट होके आगे बढ़े के आग्रह कइनि ।

कार्यक्रम मे समेजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह, आर्थिक मेमिला तथा कानून मन्त्री विजय यादव, राज्यमन्त्री योगेन्द्र राय यादव, उषा यादव, सरोज कुमेर सिंह सहित एन प्याब्सन के पदाधिकारी लोग के उपस्थिति रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here