The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

अभिभावत्व ग्रहण, विद्यालय भर्ना अभियान फोटो सेसन आ मिडियाबाजी

वीरगन्ज, १३ बईशाख ।
विद्यालय के पहुंच से वाहर रहल १३ गो बालिका सब के आजु फेन अभिभावकत्व ग्रहण कइल गइल बतावल गइल बा । विद्यालय भर्ना अभियान के तिव्रता देत वीरगन्ज महानगपालीका के अनेकन विद्यालय सब मे विहफे के आयोजित कार्यक्रम मे मुख्य मन्त्री लालबाबु राउत गदी से २ जना के, नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी से ९ जना बालिका के, उधोगपति जगदिश अग्रवाल से १ जना बालक आ वडा अध्यक्ष श्यामबाबु चौरसिया से एक जना बालिका के अभिभावकत्व ग्रहण कइल गइल ह ।

मुख्यमन्त्री गदी से आदिती कुमारी आ मनिषा कुमारी, नगर प्रमुख सरावगी से संध्या महरा चमार, सिता कुमारी, रुपान्ति कुमारी, निकी कुमारी, पुनम कुमार धानी कुमारी, काजल कुमारी, नेहा कुमारी आ आरती कुमारी के अभिभावकत्व ग्रहण कइल गइल ह । अहीसही उधोगपति जगदिश अग्रवाल से रोशन साह आ वडा अध्यक्ष श्यामबाबु चौरसिया से चांदनी ठाकुर के अभिभावकत्व ग्रहण कइल गइल बा ।

प्रदेश सरकार के बेटीपढाइ बेटी बचाइ अभियान आ वीरगन्ज महानगपालीका के से सुरु भइल बालबालिका अभियान के तिव्रता देवे के उदेश्य से वीरगन्ज के नेपाल राष्टिय विद्यालय नगवा, रामधेनु तिवारी आधारभुत विद्यालय छपकैया आ त्रियुद्ध माध्यमिक विद्यालय मे आयोजित कार्यक्रम मे बालवालिका सब के अभिभावकत्व ग्रहण करेके साथे विद्यालय मे अध्यनरत लडका लडकी सब के पाठ्यपुस्तक सामग्रहि समेत वितरण कइल गइल बा ।

कार्यक्रम मे बोल्त मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गदी खास करके मधेस मे पुरुष महिला विच विद्यमान रहल असमान्ता के अनत्य के खातिर बेटी पढाइ बेटी बचाइ अभियान सुरु कइल गइल बतइनी । यी अभियान सब केहु के मिले के तिव्रता के साथ अगाडि बढावे के आहवान करत उहां के वालिका सब के उथ्थान के खातिर प्रदेश सरकार से अनेकन रचनात्मक कार्यक्रम लिआवे बतइनी । 

नगर प्रमुख वीजय कुमार सरावगी विद्यालय के पहुच वाहर रहल वालवालिका सब के अध्यन अध्यापन के खातिर विद्यालय भर्ना अभियान के तिव्रता देवे के बतइनी । नगर प्रमुख सरावगी महानगरपाली मे रहल ५ हजार बालबालिका सब के विद्यालयमा भर्ना करावे साथे आर्थिक अवस्था कमजोर रहल ३ हजार बालवालिका सब के अभिभावकत्व ग्रहण से शिक्षा मे आर्थिक सहयोग मिल्लेके बतइनी ।

एसे पहिले राष्ट्रिय बिद्याय भर्ना तथा अभिभावत्व ग्रहण अभियान के सुभारम्भ करे विज्ञान प्राविधि तथा शिक्षा मन्त्री गिरिराजमणी पोखरेल भी वीरगंज आइल रनी । श्री नेपाल राष्ट्रिय बिद्यापिठ श्रीपुर मे आयोजित उहां के प्रमुख आतिथ्यता मे भइल कार्यक्रम मे भी १४ गो बालबालिका के अभिभावकत्व ग्रहण भइल रहे त उ लडका लडकी सब के फुल के माला लगावत किताब भी बाटत फोटो सेसन भइल रहे ।

बिद्यालय भर्ना अभियान आ अभिभावकत्व ग्रहण कइल बहुत बढिया बा मगर कुक्ष बुधजिवि लोग के ई अभियान समझ नइखे आइल । ओलोग के कहनाम बा की जब सामुदायिक बिद्यालय सब मे माध्यमिक शिक्षा तक निशुल्क पढाई होला त अभिभावत्व ग्रहण काहे लाय । एतना तक त निशुल्क किताब भी बिद्यार्थी सब के मिलेला ।

दोसर बात की प्रधान मन्त्री आ मन्त्री लोग त देश के सब लडका लडकी अभिावक होला, उ लोग के सब के जिम्मेवारी बा त १-२ गो बालबालिका के अभिभावकत्व ग्रहण काहे ? सब के साझा अभिभावत्व ग्रहण होखेवाला साझा अभियान काहे ना ? आकी खालि स्कुल सब के कार्यक्रम मे पुग के फोटो सेसन आ मिडिया बाजी कइला से होजाई । बरु एकराले अच्छा सामुदायिक बिद्यालय सब के सुदृढ तर्फ अभियान चलित आ गरिब, दलित, विपन्न समुदाय के बालबालिका सब के निशुल्क पाठ्य पुस्तक वितरण जइसन कापि कलम भी देहल जाइत त अवर अच्छा रहीत की ?

प्रतिकृया
Loading...