अमर्यादित आ गैरजिम्मेवार अभिव्यक्ति विरुद्ध नेबिसंघ पर्सा द्वारा गृहमंत्री के पुत्ला दहन

    151

    वीरगंज , साउन ९ गते ।

    नेपाल विद्यार्थी संघ पर्सा द्वारा वीरगंज में बियफे के सझिया में नेपाल सरकार के गृहमन्त्री राम बहादुर थापा( बादल ) के पुत्ला दहन कइल गइल बा ।

    गृहमन्त्री राम बहादुर थापा (बादल ) द्वारा निर्मला हत्या काण्ड के बारे में अमर्यादित आ गैरजिम्मेवारीपुर्ण अभिव्यक्ति देहल क़हत ओकर विरुद्ध में नेविसंघ पर्सा द्वारा बिरोध स्वरुप वीरगंज के घन्टाघर में पुत्ला दहन कइल गइल बा ।

    पुतला दहन के साथ गृहमन्त्री के राजिनामा के भी मांग करत गृहमन्त्री राजिनामा दे, राम बहादुर थापा मुर्दावाद , निर्मला पन्त के न्याय दे आदि अनेकन नारा के साथ विरोध प्रदर्शन कइल गइल ।

    विरोध के क्रम में घंटाघर तर भारी संख्या में खटावल गइल प्रहरी आ विद्यार्थी बीच मुडभेड भी भइल नेवि संघ के जिल्ला सचिव जानकारी करवले बाड़न । गृहमंत्री के दहन होत पुतला के नियंत्रण में लेवे खातिर प्रहरी के खासा मुसकिल भइल रहे ।

    नेबि संघ पर्सा के अध्यक्ष बिकाश तिवारी अभिन हरेक क्षेत्र में भस्टाचार, महंगी, अशान्ति बढ़त जा रहल आ तस्कर, हत्यारा सब के पुलिस प्रशासन पकड़े ना सकल क़हत अइसन गृहमन्त्री ना चाहि, गृहमन्त्री के राजिनामा ना देहलातक  ई आन्दोलन जारी रही बतवनी ।

    बिरोध कार्यक्रम में नेबि संघ पर्सा के अध्यक्ष बिकाश तिवारी, उपाध्यक्ष वाल्मीकि यादव, शेष हजरा, साबिर हुसेन, सागर लामा, हरिष गुप्ता, सचिव रोशन सिंह, सह- सचिव राजेश पटेल, रमेश यादव, रोशन कुर्मी, कोषाध्यक्ष महेश मिश्रा, सदस्य लोग राहुल गुप्ता, अभय कर्ण, रोहित गुप्ता आ फिरोज मन्सुरि लगायत के नेता तथा विद्यार्थीसब के उल्लेखनीय सभागिता रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here