अमेरिकामा मे भी धुमधाम के साथ होली मनईले मधेशी लोग।

163

अमेरिका, मार्च २

चाहे रउआ जाहा रही माकिर आपन मातृभूमि अउरी धर्म–संस्कृति भुला ना जाएके, ओकर संरक्षण आ प्रवद्र्धन करत रहे के चाही कहावत के आत्मसाथ करत अमेरिका के पेन्सलभेनिया राज्य के आसपास रहल मधेसी लोग एह बेर रङ्ग ,अबिर आ प्रेम भाईचारा के महान पर्व होली धुमधाम के साथ मनईले बा लोग।

आपन काम भा रोजगारी के सिलासिला मे संसार के कवनो कोना मे पहुचला के बादों आदमी आपन मातृभूमि आ धर्म–संस्कृति बिसरे के ना चाही, ओकर संरक्षण आ प्रवद्र्धन करत रहे के चाही । इहे उद्देश्य से पहिलही से आपन आपन सुविधा मुताबिक आपन सब परव त्येहार बड़ा हर्सो उल्लास का साथ मनावत आ रहेल ईहा के मधेशी लोग ई वर्ष पहिला बेर होली के आयोजना पेन्सलभानिया मे कईले बा लोग । 

मधेशी अगुवा मुकेश यादव के मुताबिक विगत कुछ बर्ष अगाडी से ही सब मधेशी संघतिया लोग आपन धर्म संस्कृति , भाषा , रितीरिवाज , पहचान के समक्षण आ समबर्धन के उद्देश्य से अमेरिका के अलग अलग राज्य मे मनावत आ रहल  पर्व सब मे से होली ई बेर पेन्सलभानिया मे मनावल गइल हवे । जेमे पेन्सलभानिया राज्य के आसपास के अउर राज्यन से भी आईल मधेशी लोग के भारी उपस्थिति रहे । होली मनावे के परंपरा के आवेवाला भविष्य मे भी निरन्तरा देवे के ऊहा के बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here