अलौं मे आयोजित भोजपुरी सांगितिक कार्जक्रम शान्तिपूर्ण रुप मे पुरा, फोटोफिचर सहित

196

वीरगंज, २ अगहन ।
वीरगंज महानगरपालिका के वडा नं. १७, अलौं मे शनिचर के आयोजित भोजपुरी सांगितिक कार्जक्रम शान्तिपूर्ण रुप मे पुरा भइल बा । अलौं ड्राइपोर्ट मे भइल कार्जक्रम मे भोजपुरी गायक अशोक अलबेला आ धनन्जय धडकन लगायत के कलकार सब प्रस्तुती रखले रहलन ।

किड फिल्मस भोजपुरी के प्रो. छविलाल सहनी के प्रस्तुती कहल गइल कार्जक्रम शान्तिपूर्ण रुप मे सम्पन्न भइल रहे । कार्जक्रम मे महिला कलाकार सब के भी सहभागिता रहल रहे । कलाकार सब संगित आ डान्स के माध्यम से दर्शक सब के मनोरञ्जन करइले रहलन ।

दशहरा, दिपावली आ छठ पर्व के उपल्क्ष मे आयोजना कइल गइल कार्जक्रम के उद्घाटन नेपका के युवा नेता मनोज चौधरी कईले रहले ।

कार्जक्रम के कुछ दृश्य । फोटो : शम्भु कुमार सुमन

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here