अवैध रूप में भारत से लियावल २० गो भइस के साथे २ जने के पर्सा प्रहरी पकड़लख

210
फाइल फोटो

सावन, ९ पर्सा ।

भारत से अवैध रुप में मवेशी के व्यापार कर रहल के आरोप में दु जने के पर्सा प्रहरी पकड़ले बा ।

सिमावर्ती सहर रक्सोल से अवैध रुप से नेपाल में लियावल गइल २० गो भइस के साथे दु जने के पकड़ल गइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा बतवले बा ।

वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर से खटल टोली द्वारा वीरगंज महानगरपालिका वडा नं २२ परवानिपुर लगे से भारत से लियावल गइल भइस ८ गो, पाडी २ गो, पाडा १० गो कर के २० गो भइस सहित दु जने के नियन्त्रण में लेवल गइल वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरिक्षक चक्र बहादुर मल्ल बतवले बानी ।

पकड़ाइल में पर्सा के पोखरिया नगरपालिका वडा नम्बर ६ के २२ बर्षिय ईम्तीहान हवारी आ सोही ठाव के रहनियार ६५ बर्ष के होमिम मिया रहल जिल्ला प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरिक्षक अनन्तराम शर्मा जानकारी देहले ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी गस्ती टोली द्वारा कल्कि रात करिब पौने एक बजे दुनु जने के नियन्त्रण में लेके थप छानबिन हो रहल प्रहरी बतवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here