अवैध ३९ कार्टून मुर्गी के बच्चा सहित २ जने के प्रहरी नियन्त्रण मे लेहलख

 अवैध ३९ कार्टून मुर्गी के बच्चा सहित २ जने के प्रहरी नियन्त्रण मे लेहलख

वीरगंज, २८ भादो ।

अवैध मुर्गी के बच्चा सहित २ जने के प्रहरी पकडले बा । पर्सा विंदावासिनी गाँवपालिका वाड नम्बर ३ झउवा गुठी निवासी ३० साल के ललन साह कानू आ भारत विहार पूर्वी चम्पारण महदेवा निवासी २७ साल के नरेश यादव के प्रहरी पकडले बा ।

विशेष सूचना के आधार पर शनिचर के सबेरे करीब ३ बजे के समय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल प्रहरी टोली बहुदरमाई नगरपालिका वाड नम्बर २ नगरदाहा से अवैध ३९ कार्टून मुर्गी के बच्चा सहित दुनु जने के नियन्त्रण मे लेहल गइल प्रहरी जानकारी करवले बा ।

BR 22K1519, BR 05N 7765 आ ना.९ प ४०२६ नम्बर के मोटरसाइकिल पर अवैध रुप मे भारत रक्सौल से लियावत मुर्गी के बच्चा ३९ कार्टुन ( २४०० ) मिलला के बाद उलोग के मुर्गी के बच्चा आ सवारी साधन सहित नियन्त्रण मे ले के आगा के कारवाही खातिर जिल्ला पशु क्वारेंटाइन सीरिसिया भेजल गइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जानकारी देहले बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *