अश्लील भोजपुरी गाना पर गिरल गाज, अश्लील गाना बजईला पर होई ११ हजार तक के जुर्माना

224

कलैया, बारा । फागुन २६

जाहाँ अभी समूचा देश सहित मधेश मे शादी के सीजन चलत बा उहवे मधेश के गलियारन मे शादी के गाना के नाम पर भोजपुरी अश्लील गीत के खूब परोसल जाता । एक ओर शादी के बारात अउर खर्चीला होत जाता ओतने अइसन शादी मे डिस्को या डीजे के नाम पर एक से एक फूहड़ भोजपुरी गाना परोसल जाता । अइसन फूहड़ गाना खाली समाज के बिगाड़त नईखे बालुक पूरा भाषा संकृति के परिभाषा बदल के राख़ देले बा । डंसिंग सॉन्ग के नाम पर जवन फूहड़ गाना के दौर आइल बा एमे युवा आ बच्चा लोग के मन मस्तिक पर गहिरा नकारात्मक छाप छोड़त जा रहल बा जवन की पूरा समाज खातिर दुर्भाग्य साबित हो सकत बा ।

माकिर अब अइसन ना होई, काहे की पहिला बेरी कवनों गाँवपालिका के ओर से अइसन अश्लील भोजपुरी गाना पर रोक लगावे के निर्णय भइल बा । बारा जिल्ला के एक गाँवपालिका के एक गाव अध्यक्ष द्वरा अश्लील गाना बजवला पर कडा करवाही के निर्णय कईले बा ।

बारा जिल्ला के प्रसौनी गाँवपालिका के वाड न. ६ बेलहिया गाव मे कवनों किसिम के फूहड़ गाना बजावे से पूर्ण रुपमे बंदेज़ लगावल गईल बा । बेलिया गाँव के वाड अध्यक्ष ब्रिजकिशोर कुशवाहा अउरी प्रदेश सभा सदस्य के उम्मेदवार उमेश कुशवाहा के पहल मे गाँव के ओर से निकलल गईल सूचना मे फूहड़ भोजपुरी गाना गावे या बजावे पर रोक लगावल गईल बा । अगर ई सूचना के अटेर करके फूहड़ गाना बजवला पर ११ सय रुपैया से लेके ११ हजार रुपैया जुर्माना तीरे तक के उल्लेख बा ।

वाड अध्यक्ष द्वारा लहल गईल ई निर्णय से भोजपुरी के लाज बचावे मे एक बड़का कदम साबित हो सकत बा क़हत स्थानीय नागरिक समाज येकर पुरज़ोर समर्थन कइले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here