अश्वमेध गायत्री महायज्ञ के सफल बनावे खातिर प्रचार प्रसार तेज

168

वीरगंज २४ माघ,

वीरगंज में होखे लागल अश्वमेंध गायत्री महायज्ञ के सफल बनावे खातिर महानगर के वार्ड तथा टोल–टोल में प्रचार प्रसार कार्जक्रम तेजी से कईल जा रहल बा । अखिल विश्व गायत्री परिवार, वेदमाता गायत्री शक्ति पीठ वीरगंज महानगर के छपैयाक, रानीघाट आ व्रहमचोक में दिप ज्ञप, प्रभात फेरी आ गोष्ठी के आयोजना कइल गइल बा ।

शक्ति पीठ के वरिष्ठ कार्यकर्ता धमेंन्द्र गुप्ता के नेतृत्व में रहल गायत्री परिवार के टोली वीरगंज २ छपकैया में प्रभातफेरा निकलले रहे। अश्वमेंध गायत्री महायज्ञ के उदेश्य के बारे में स्थानिय लोगन के जानकारी करावत महायज्ञ में सहभागिता जनावे खातिर नेवता भी परिवार देहले बा । प्रभातफेरा में वार्ड अध्यक्ष शेख अब्बास लगायत स्थानिय के सहभागीता देखल जा रहल बा ।

एहितरे देव संस्कृति विश्व विद्यालय से आइल ब्रहमवादणी टोली भी भिस्वा स्थित ब्रहमस्थान में दिप यज्ञ करके महायज्ञ के बारे में प्रचार प्रसार कइले रहलन । टोली रानीघाट स्थित जानकी मन्दिर में भी दिप यज्ञ के आयोजना कइले रहे । दिप यज्ञ में १०१ गो दिप प्रज्वलीत कइल गइल रहे । दिप यज्ञ मार्फत अश्वमेंध गायत्री महायज्ञ के विशेषता के बारे में जानकारी करावल गइल ब्रंहमवादणी दिदी संध्या बतवनी ।

इहे फागुन १९ गते से ४ दिने नेपाल में पहिलका बेर होखे जा रहल महायज्ञ से देश के समृद्धि, देववासी में साहस एव बल बढइला के साथे देश के समर्थ बनावेके अश्वमेंध के उदेश्य रहल जनावल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here