अश्वमेध गायत्री महायज्ञ के सफलता ख़ातिर शक्ती कलश रथयात्रा चलावल गइल

230

वीरगन्ज, २१ माघ

नेपाल में पहिलका बेर होखे जा रहल अश्वमेध गायत्री महायज्ञ के सफल करे ख़ातिर सोमार के वीरगन्ज में तीन गो शक्ती कलश रथ यात्रा के संचालन कईल गइल । वीरगन्ज स्थित आर्दशनगर से शुरु भइल शक्ती कलश रथ यात्रा के शुभारम्भ वीरगन्ज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी कईले ।

विधिवत रुप में पुजा पाठ करके वीरगन्ज से रथयात्रा पुरुव, पश्चिम आ उत्तर के तरफ प्रस्थान कईले रहे । रथयात्रा के शुभारम्भ करत मेयर सरावगी राष्ट्र के सक्षम, समर्थ एवं समृद्ध बनावे ख़ातिर पहिलका बेर नेपाल में अइसन यज्ञ होखे जा रहला से उत्साहजन सहभागिता ख़ातिर सम्पूर्ण नेपालवासी से आग्रह कईनी ।

यज्ञ से प्रकृति के चक्र नियमित करे ख़ातिर, शारीरिक-मानसिक रोगव्याधि के इलाज करे ख़ातिर, वैज्ञानिक ढंग से संचालन होखेवाला ई यज्ञ से जल, थल, वायु, आकाश, महाभुत सब के शुद्धिकरण होई क़हत उ कहले यज्ञ से तयार होखेवाला सात्विक वातावरण से आदमी के आध्यात्मिक विकास में अत्यन्त फलदायी होई । वीरगन्ज से शुरु भइल रथयात्रा में राखल कलश में २४ सय तिर्थ स्थल के जल मिला के राखल गइल बा आ हरेक जिल्ला एकर प्रभाव से शुद्धिकरण होत जाए के दावा कईल गइल बा ।

एक महिना वाला रथयात्रा पूर्व मेचि से पश्चिम महाकालि आ उत्तर काठमाण्डू, बनेपा, धुलिखेल, पोखरा लगायत के स्थान में व्यापक रुप में प्रचार प्रसार कर के यज्ञ में सहभागिता ख़ातिर सब केहु के आहवान समेत होई यज्ञ के प्रचारक राजेश्वर सिंह बतवनि ।

फाल्गुन १९ गते से शुरु होके २२ गते तक चलेवाला ४ दिन के ई यज्ञ में भारत नेपाल के कर के करिब ५ लाख से भी जादा के सहभागिता होखे के आशा बा आ एकर कुल लागत २ करोड से भी जादा पड़े के अनुमान लगावल गइल अखिल विश्व गायत्री परिवार वेदमाता गायत्री शक्ति पीठ वीरगन्ज जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here