आईपीएल में संदीप के आजु के डेब्यू म्याच

149

एजेंसी, बईसाख २९ गते

आजु के दिल्ली आ बैंगलोर के बिच में होरहल खेल में संदीप लामिछाने अपन डेब्यू म्याच खेल रहल बारन । दिल्ली के  ११ गो म्याच बितला के बाद आजु १२वाँ म्याच में संदीप के दिल्ली खेलावाता। आईपीएल २०१८ में दिल्ली के बहुत ख़राब प्रदर्शन रहल बा जेकरा कारण दिल्ली अंक तालिका में सबसे नीची बा।

दिल्ली इह साल के आईपीएल में क्वालीफाई ना होखे सकीं था भइला पर जवान और नया खेलाडी लोग के मौका देतान। संदीप के संगे संगे भारत के अभिषेक शर्मा आ दक्षिण अफ्रिका के जूनियर डाला भी आजु के म्याच में डेब्यू करता लोग।

आजु के खेल संदीप खातिर बहुत बडका खेल होखेवाला बा।  काहेकी विपक्षी टीम ओरीसे दुनिया के उत्कृस्ट बैट्समेन विराट कोहली आ एबी दिविलिएर्स खेलता लोग आ संदीप इह लोग के विरुद्ध में बोलिंग कर सकतारन।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here