आईपीएल २०१८ के सुरुवाती मैच में चेनई सुपर किंग्स के शानदार जित

291

वीरगंज, २०७४ चईत २४ गते

मुंबई में भईल आईपीएल २०१८ के सुरुवाती मैच मुंबई इन्डियंस आ चेनई सुपर किंग्स के खेल में चेनई १ विकेट से शानदार जित हासिल कईले बा। टॉस जितके चेनई पहिले गेंदबाजी करके निर्णय कईले रहे। २० ओभर खेलके ४ विकेट गुमाके मुंबई १६५ रन बनईलख। मुंबई के ओरी से नव युवक खेलाडी सूर्य कुमार यादव २९ बॉल में ४३ रन आ ईशान किसान २९ बॉल में ४० रन बनईले रहे लोग।  ओइसे ही अच्छा पारी खेलत कुर्नाल पांडया २२ बॉल में ४१ रन बनईले रलन । चेनई के ओरी से गेंदवाजी करत वाटसन २ विकेट, चाहर आ इमरान ताहिर १-१ विकेट लेले रहे लोग।

१६५ रन के लक्ष्य के पीछा करत चेनई १६.३ ओभर में ११८ रन बनाके निराशजनक पारी खेलत रहे।  मने चेनई के ओरी से डीजे ब्रावो १८ वा ओवर में १९ रन लगाके चेनई के खेल में जित के होसला बढ़ईलन। १९ वा ओभर में २० रन लगाके १९ व ओभर के अन्तिम बॉल में ६८ रन बनाके आउट होगईलन। ब्रावो के आउट भइला के बाद मैच बहुत ही सस्पेंस आ रोमान्चक बनल रहे।  अन्तिम ओभर में ७ रन चाहिंत आ १ विकेट चेनई के बाचल रहे।  चेनई के ओरी से क्रिच पर केदार जाधव रलन जे घायल होगइल रलन।  ३ बाल में एकोगो रन ना लेवे सकेवाला जाधव चौथा बॉल पर छाक्का मारके खेल के ड्रा करइलन।  पाँचवा बॉल पर चौका मारके जाधव  चेनई के इह सीजन के पहिलका खेल में जित दर्ज करईलन। मैन ऑफ़ दि मैच दज ब्रावो के ३० बॉल में ७ गो छक्का आ ३ गो चौका सहित ६८ रन बनइलाके कारण मिलल।

आईपीएल में चेनई सुपर किंग्स के २ साल निलम्बित भइला के बाद २०१८ के आईपीएल में फेर से खेल रहल बा।  बिहान दिनके ४:१५ में दिल्ली आ पंजाब के मैच बा आ रात के ८:१५ में कोलकाता आ बैनग्लोर के मैच होखेवाला बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here