आजू सबेरे सबेरे काठमाण्डू मे फेरु ५.२ रेक्टर स्केल भूकम्प के झटका

    385

    बैसाख ११, काठमांडू
    काठमांडू में भुकम्प के झटका महसूस, राजधानी काठमांडू आ ऐकर आसपास में बुध के सबेरे भूकम्प के धक्का महसुश भईल बा ।

    धादिङ जिल्ला के नाैबिसे कहाएवाला जगह के केन्द्रबिन्दु होत ५ दशमलव २ रिक्टर स्केल के भूकम्प गईल राष्ट्रिय भूकम्प मापद केन्द्र जनवले बा ।

    केन्द्र के मुताबिक आजु के भूकम्प के धक्का २०७२ साल वैशाख १२ गते गोरखा में गईल भूकम्प के ही परकम्प रहल बतवले बा।

    झटका से अभिन तक जानमाल के क्षति के खबर ना आईल महानगर प्रहरि कार्यालय जनवले बा ।

    भुकम्प के झटका सबेरे ६:२९ मिनेट में गईल रहे आ दुबेर झटका महसूस भईल कलंकी के केशव गौतम बतवनी की सबेरे के चाए पियत बेर बेड समेत पुरा घर हिला देहले रहे ।

    साल २०७२ के शक्तिशालि भुकम्प भी बैसाखे महिना के १२ गते गईल रहे । ओकरे चौथा बरखी के एक दिन पहिले आजु सबेरे भुकम्प फेर से गइला से लोगन में चिंता आ घबराहट के माहोल बनल बतावत स्थनिय गौतम भुकम्प के ताजा झटका पर ब्यंग करत कहनि की भुकम्प भी आपन बरखी मना रहल बिया ।

    गोरखा, धादिङ, रसुवा, काठमाडौं उपत्यका, मकवानपुर लगायत जिल्ला सब मे भूकम्प के धक्का महसुश कईल गईल रहे।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here