आज वीरगंज के शंकराचार्य प्रवेश द्वार पर बृहत सरसफाई कार्यक्रम

    263

    वीरगंज, ३० कार्तिक ।

    भोलन्टियर वीरगंज के आयोजना मे आजू नेपाल के मुख्य प्रवेश द्वार पर बृहत सरसफाई कार्यक्रम सफलता पूर्वक आयोजना कईल गईल । वीरगंज के नगर प्रमुख बिजय सरावगी के बिशेष सहभागिता मे मुख्य प्रवेश द्वार शंकराचार्य द्वार आ द्वार के अगल बगल के जगहन मे सरसफाई कईल गईल । यी बृहत सरसफाई कार्यक्रम मे अनेकन राजनीतिक दल के युवा नेता, बिधार्थी, प्रहरी, सेना, बैंकर, भोलन्टियर, नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज, सामाजिक कार्यकर्ता आ वीरगंज महानगरपालिका के दमकल के सहयोग मे सरसफाई कईल गईल भोलन्टियर राजन श्रीवास्तव बतवले ।

    सरसफ़ाई कार्यक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख, नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी, प्राध्यापक सुस्मा तिवारी, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के उपाध्यक्ष केसी लामिच्छाने, ने वि संघ के बद्रि नाथ तिवारी, राकेश यादव समाज समाजवादी विधार्थी संगठन के निखिल बर्णवाल, नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव ऋतुराज आ स्थानीय कलाकार अजमत आली समेत अनेकन बिधालयन समेत करीबन ४०० जने के उपस्थिती रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here