आपना रहला तक खेल जगत मे महिला सभन के पहुच बढावेके – उप मेयर ठाकुर

19

अमित ठाकुर । रौतहट । फागुन ०१ ।

महिला अधिकार आ शसक्तीकरण के खातिर आपना ओर से हमेशा आगे रहेके गौर नगरपालिका के उप मेयर किरण कुमारी ठाकुर बतवनी ।

रौतहट के सदरमुकाम गौर मे भईल गौर नगर स्तरिय महिला फुटवल टुर्नामेन्ट भीतर परेवाला दोसरका उप–मेयर कप २०७५ के उदघाटन सत्र के प्रमुख अतिथि के रुप मे सम्बोधन करत उप–मेयर ठाकुर कहनी “ अपना से हमेशा महिला आ लईकन के समाजिक पहुच बढावेला आगे रहेके आ लईका लईकी के खेल जगत मे पहुच बढावेला ई खेल हमेशा करावत रहेके बतईनी ।

महिला के हरेक क्षेत्र मे पहुच बढावे के लक्ष्य भईला से गौर नरपालिका आवेवाला दिनसब मे भी आपना ओर निरंतर सहजोग करेके उप–मेयर ठाकुर बतईनी ।

एहितरे उद्घाटन सत्र मे शुभकामना मंतव्य देहत गौर नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुमन कुमार कार्की कहनी स्वास्थ्य , मानसिक विकास , सकारात्मक सोच के विना विकास अधुरा रहल बा ।गौर नगरपालिका द्धारा महिला के विकास के खातिर लगानी कररहल बतावत महिला फुटबाल प्रतियोगिता से महिला के खेलकूद मे मर्दाना के लाखान सहभागिता होखेके विश्वास जाहिर कईनी ।

आपना से लिखल कविता वाचन करत प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कार्की कविता के मध्यमा से महिला खिलाड़ी के फुटबाल लगाएत खेल खेलेला उत्साहित कईनी आ हार जित के चिन्ता नालेवेला निहोरा कइनी ।

ग्रामिण विकास केन्द्र (आरडीसी) नेपाल के अध्यक्ष पारस हुसैन, गौर मे महिला फुटवल प्रतियोगिता करावल बहुते सराहनीय काम भईल बडाई करत प्रतियोगिता मे उत्कृस्ट खेल प्रस्तुत करेवाली एक जने खिलाड़ी के साइकिल ईनाम देवेके घोषणा तक कईनी ।

जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे मंगर से शुरू भईल दोसरका उपमेयर महिला फुटबाल प्रतियोगिता के उद्घाटन मैच मे २ गोल से गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर २ के टीम जितल ।

गौर नगरपालिका के आर्थिक सहजोग आ स्थानीय विकास केन्द्र के आयोजना मे होरहल नगर स्तरीय प्रतियोगिता के पहिल का खेल मे ७ नम्बर वार्ड के टीम के २ गोल से हरवले रहे । खेल के पहिलका हाफ मे हि २ नम्बर वार्ड के टीम से २० मिनट के भितर मे २ गोल कईले रहे । खेल ओरीयईला तक विपक्षी टीम गोल करे नासकल । टीम के कप्तान रूचि मिश्रा भईली ।

बुध के खेल वार्ड नं. ५ आ वार्ड नं. ४ विच सबेरे ८ बजे से होरहल आयोजक जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here