आपने सूतेवाला कोठरी में आगलागी से जर के महोत्तरी में एक महिला के मृत्यु

232

धर्वेन्द्र कुमार यादव,औरही। पुस २६ ।

महोत्तरी जिल्ला के एकडारा गाँवपालिका में काल्हू बुध के सबेरे एक महिला के आपने सुतेवाला कोठरी में आगलागी भइला से ओमे जर के मृत्यु भइल बा । मृत्यु भइल एकडारा गाँवपालिका–५ बहेडाटोल के रहनियार राकेश साह के मेहरारू ३० बरीष के शान्तिदेवी रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी के प्रहरी नायब उपरीक्षक खगेन्द्रबहादुर खड्का बतवले बानी । साह के बुध के सबेरे ४ः३० बजे आपने सुतेवाला कोठरी में आगलागी में जर के मृत्यु भइल प्रहरी नायब उपरीक्षक खड्का बतवनी ।

प्रहरी द्वारा निज महिला के मृत्यु खुद अपने से आगी लगावला से भा आउर दोसर केहु घर में घुस के आगलागि कर दहला से हो सकेला अभिन तक सत्यतथ्य नईखे खुले सकल । मृतक महिला के शव परीक्षण खातिर जिल्ला अस्पताल जलेश्वर में लियावल गईल बा त घटना के बारे में आवश्यक अनुसन्धान समेत शुरु कर देहल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक खड्का बतवले बानी । मृतक महिला के पति वैदेशिक रोजगार में खाडी देश में रहल खुलल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here