आपन समस्या बतावे ना सकला के कारण भी महिला लोग पीड़ित – सालमा खातून

140

वीरगंज, फागुन २५ –

१०८ वां नारि दिवस के अवसर पर सृजनसील युवा लोग के समुह संस्कृति,ओमन स्किल सेन्टर आ सानो पाइला द्वारा संयुक्त रुप से आयोजना भईल अन्तरक्रिया कार्यक्रम सम्पन्न भईल बा । कार्यस्थल पर होखेवाला लैङ्गिक दुर्व्यवहार शिर्षक पर भईल अन्तरक्रिया कार्यक्रम मे उपस्थित वक्ता लोग कार्यस्थल मे महिला लोग संघे होखेवाला दुर्व्यवहार, महिला लोग के राजनीति मे अवस्था, महिला हिँसा अउरी कार्यस्थल तथा दोसर सार्वजनिक स्थान पर महिला मैत्री वातावरण निर्माण होखों लगायत के विषय पर छलफल भइल रहे ।

काल्हू वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे संस्कृति के टिम लिडर शैली चौधरी के अध्यक्षता, पोखरिया नगरपालिका के नगर उप-प्रमुख सल्मा खातुन के प्रमुख आतिथ्य तथा वीरगंज महानगरपालिका के नगर उप-प्रमुख शान्ति कार्की के विशिष्ठ आतिथ्य मे समपन्न भईल कार्यक्रम मे बोलत प्रमुख अतिथि सल्मा खातुन द्वारा महिला लोग जन्म से ही लैङ्गिक दुर्व्यवहार के सिकार होत आवल बतवले रहनी। ‘महिला लोग आपन समस्या व्यक्त कर ना सकला के कारण महिला लोग खुदे पिडित भईल जाले, उहाँ के कहनी, ‘महिला लोग के बोले के मौका ना मिलेला आ मिलबों करे ला त  बोलेवाला वातावरण ना रहेला एसे उ लोग खुल्के आपन समस्या राखे ना सकेला लोग अउरी पिडित हो जाला लोग ।’

ओइसही प्रोफेसर तथा महिला अधिकारकर्मी सुष्मा तिवारी द्विवेदी द्वारा महिला संघे भौतिक मात्र ना होके सामाजिक, आर्थिक, मानसिक अउरी कवनों भी किसिम के होखे वाला भेदभाव लैङ्गिक दुर्व्यवहार भईल बतवले रहनी । राजनीति भा कार्यस्थल मे महिला लोग अदृश्य ढंग से दुर्व्यवहार के सिकार भईल उहाँ के कहनी की महिला मैत्री निर्माण भईल नियम सब सहि ढंग से प्रस्तुत ना भइला के कारण भी महिला लोग हिँसा मे फस जाला लोग उहाँ के बतवनी । ‘कार्यस्थल पर होखेवाला लैङ्गिक दुर्व्यवहार बिरुद्ध सरकार से कानुन निर्माण भईला के बबजुदो महिला लोग के ओकर जानकारी ना भईला के कारण ओकर सदुपयोग नईखे होखे सकल, ‘क़हत द्विवेदी द्वारा प्रश्न कईल गइल रहे, ‘हमनी अध्यापन पेशा मे लागला के बादों हमनी के एकरा बारे मे अच्छा जानकारी नईखे, ग्रामिण क्षेत्र के महिला लोग के अवस्था आउर कैसन होई ?’

ओईसही कार्यक्रम मे बोलत युवा नेता रह्बर अन्सारी द्वारा अब के आवश्क्ता मातृसाता आ पितृसत्ता से भी जादे लैङ्गिक रूप मे सम्मान सत्ता रहल बतवले रहनी । एगो सम्मान समाज निर्माण खातिर सब कोई के मिल के अगाडि बढ़े के आवश्क्ता रहल बतावत उहाँ के अइसन अन्तरक्रिया सब महिला दिवस पर मात्र ना होके सामान्य दिन सब मे भी आयोजना भईल जरुरि रहल बतावले रहनी ।

कार्यक्रम मे ओमन स्किल सेन्टर के सदस्य ममता राजकर्णिकार, दर्शना झा, लक्ष्मी दत्त, ब्रज्निता श्रेष्ठ, महिला नेतृ रम्भा मिश्रा, मोनिका सिंह, दुर्गा क्षेत्री, उषा श्रीवास्तव, पत्रकार विजय कुशवाह, रितेश त्रिपाठी, सुरेश बिडारि, राधेश्याम पटेल, राम कुशवाह सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु, दिलिप कार्की, भरत साह, विक्रम उपाध्याय, सन्दिप पण्डित, संस्कृति के तर्फ से अल्का साह, विनित डाल्मिया, सर्दुल भट्टराई, मेराजुल हवारी लगायत के उपस्थित रहल रहे त कार्यक्रम के सहजीकरण पत्रकार माधुरी महतो कइले रहनी ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here