आश्रम खातिर सानीमा बैंक के कर्मचारी द्वारा सहयोग वितरण

238

आस, वीरगंज, २० सावन ।

वीरगंज के श्रीपुर स्थित मानव सेवा आश्रम खातिर सानीमा बैंक के कर्मचारी लोग द्वारा एक कार्यक्रम विच सहयोग कईल गईल बा ।

बितल शुक के दिने एक कार्यक्रम के बिच सानीमा बैंक के वीरगंज शाखा आ पर्सा जिल्ला के ग्रामीण एरिया खातिर शाखा विस्तार भईल पर्सागढ़ी अउरी पटेर्वासुगौली शाखा के कर्मचारी लोग द्वारा आपन व्यक्तिगत रकम जोड़ के आश्रम के सहयोग कइल गईल बा ।

सनीमा बैंक के कर्मचारी लोग खुद आश्रम चहुप के उहवा रहरहल वृद्ध-वृद्धा के खाना खियावलख आ ओह लोग के कोठरी मे लागेवला २६ गो पर्दा देहल गईल सानीमा बैंक वीरगंज शाखा के रेलसनशिप मैनेजर रन्जित यादव बतवनी । कार्यक्रम में मानव सेवा आश्रम के संयोजक देवेन्द्र गुप्ता आ सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु के भी सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here