इटियाही क्रिकेट क्लब फाइनल मे प्रवेश

171

वीरगंज, ९ जेठ ।
बारा के मुसहरर्वा मे होरहल गाँवपालिका स्तरिय नक–आउट क्रिकेट प्रतियोगिता के सेमिफाइनल खेल आजु सम्पन्न भईल बा । बुद्ध युवा क्लब, छातवा आ इटियाही क्रिकेट क्लब, इटियाही बिच प्रथम सेमिफाइनल खेल सम्पन्न भइल आयोजक संस्था के सह सचिव जया साह बतइलन ।

बिश्रामपुर गांवपालिका, बारा के सहयोग मे आ समाज विकास समिति कलैया, बारा के आयोजना होरहल प्रतियोगिता के पहिलका सेमिफाइनल खेल इटियाही क्रिकेट क्लल जित के फइनल मे जाए के सफल भइल साह बतइलन ।

टस हार के बैटिङ करे फिल्ड मे उत्रल बुद्ध क्लब निर्धारित २० ओभर खेलत ८ विकेट के नोक्सान मे १४२ रन बनइले रहे त १४३ जित के लक्ष्य पुरा करे लाय मैदान मे उत्रल इटियाही क्लब १८ ओभर खेलत लक्ष्य पुरा करत जित प्राप्ती कइले रहे ।

इटियाही क्लब के म्यान अफ दि म्याच घोषित भइल कृष्णा गुप्ता ८२ रन के योगदान देवे सफल भइल रलन । उनका के समाज किास समिति के उपाध्यक्ष सम्झना खड्का, सचिव बृजकिशोर साह, सह सचिव जया साह, सह कोषाध्यक्ष अचछेलाल सराफ से संयुक्त रुप मे पुरस्कार प्रदान कइल आयोजक संस्था के अध्यक्ष शैलेन्द्र त्रिपाठी बतइलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here