इलाज होत समय लईका के मृत्यु भइला से काल्ह गण्डक अस्पताल दिनभर रहल तनावग्रस्त

234
????????????????????????????????????

वीरगंज, ०८ जेठ ।

इलाज हो रहल डेढ़ बरिस के लईका के गण्डक अस्पताल मे मृत्य भइला पर अस्पताल मे तनाव के महोल बनल । डाक्टर के लापरवाही से लाइका के मृत्यु भइल क़हत अभिभावक आ रिश्तेदार लोग प्रादर्शन कईला से अस्पताल मे तनाव के माहोल बनल रहे ।

पर्सा के बहुदरामाई नगरपालिका १ बिश्रामपुर, शिवटोला के श्रीराम महतो कोइरी के डेढ़ बरिस के बेटा सुजीत कोइरी के इलाज होत समय मृत्यु हो गईल । लईका के पेटझरी भईला पर सुरू मे डा. किशोर साह के निजी क्लीनिक मे लेजा के चेक जांच करावल रहे । डा. साह साधारण इलाज के बाद घर भेज देहले रहले माकिर दु दिन ले ठीक ना भइला से फेरु डा. साह के क्लीनिक मे पहुचला पर डा. साह गण्डक अस्पताल मे रेफर कईले रहले ।

 सुजीत के शनिचर के दिने गण्डक अस्पताल मे भर्ना कईल गइल रहे । सुजीत के बाबू श्रीराम के हिसाब से उनका लईका के स्वस्थ्य मे सुधार होत आइल रहल एही से डा. साह सोमार के दिने डिस्चार्ज करे के कहले रहले । एतवार के साझिया तैयार कईल सुई एतवार के दिने सुई देवे के भुला गइला पर उहे सुई सोमार के दिने बीहनैया ८ बजे लईका के लगावल गइल रहे श्रीराम बतवले । सुई लगावला के तनिए देर बाद लईका के मुह से गाउज निकले लागल रहे ओहि बेरा लईका के आईसीयू मे ले गइल गइल रहे ।
सोमार के रात ही सुजीत के मृत्यु हो गइल रहे माकिर हमनी के ना भेट करे देहले लोग ओरहन सुनावत श्री राम कहले, मंगर के दिने अस्पताल प्रशासन जानकारी करवलख । ओकरा बाद रिश्तेदार आ परिवार के सदस्य लोग अस्पताल मे धर्ना देहले रहे लोग ।

अस्पताल मे खटल प्रहरी भी लाश लेजाए खातिर बारम्बार दवाव दे रहल क़हत श्रीराम कहले ‘ जब ले यी घटना के छानबिन कर के इलाज मे लापरवाही करेवला डाक्टर के करवाही ना होई तब तक हमनी लाश ना लेजाएम सन’ ।

गण्डक अस्पताल के आईसीयू कक्ष के डाक्टर बिकास गुप्ता कहले लईका के मृत्यु मंगर के सबेरे ११ बजे ही भइल रहे । आईसीयू मे लेआइल समय सुजीत के हृदय के गति बहुत धीमा रहे; उ कहले । भेंटिलेटर पर रखला के १२ घण्टा बाद सुजीत के मृत्यु भइल रहे, आईसीयू मे लियावे से पहिले का भइल रहे हामरा नईखे मालूम । अस्पताल के प्रशासन प्रमुख अरुण यादव इलाज मे कौनों किसिम के लापरवाही नईखे भइल बतवले । अन्नपूर्णा पोष्ट

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here