इस्लाम धर्म के पवित्र परब रमजान आज से शुरू

    174

    वीरगंज, २४ बैसाख ।

    आजू मंगर के दिन से मुस्लिम धर्मावलम्बी लोग के पवित्र परब रमजान सुरू भइल बा । एक महिना तक चलेवाला यी परब मे मुस्लिम धर्मावलम्बी लोग दिन भर उपासे रहेला लोग ।

    मुस्लिम धर्मावलम्बी लोग रोजा रहे खातिर मुस्लिम धर्मगुरु लोग के कमिटी द्वारा निर्धारित समय पर सेहरी खाएके आ संझिया निर्धारित समय तक उपवास रहे के पडेला । रमजान हिजरी संवत १४४० के ह पर रमजान महिना हिजरी क्यालेंडर के हिसाब से नौवा महिना मे पडेला । रमजान महिना मे मुस्लिम धर्म के सब से बड़का आ पवित्र ग्रंथ कुरान के अवतरण भईल रहे ओइसे ही यी महिना मे अल्लाह के कृतज्ञता मिले के विश्वास रहल बा ।

    दान करे के, गरीब आ दुखी के सेवा करे के आ आपन हलाल के कमाई मे से जकात निकाले के यी महिना के सब से बड़का विशेषता ह ।

    वीरगंज के स्थानीय कलाकार अजमत आली के हिसाब से रमजान महिना हमनी खातिर बहुते महत्वपूर्ण परब ह आ यी परब इस्लाम धर्म के पाँच आधार स्तम्भ मे से हज के आलवा बाकी चार गो स्तम्भ रोजा रखला से पूरा होला बतवनी ।

    शारीरिक आ रूहानी हिसाब से पवित्र आ शुद्ध रह के ही रोजा रखल जाला । खराब आदत मे लागल आदमी अगर एक महिना ईमानदारी आ नियम के साथ रोजा रख लेवे त उ आदमी मे रहल कूलत मे परिवर्तन आ सकता अली के कहनाम रहल ।

    त्याग, तपस्या आ बलिदानी सब कुछ जोड़ेवाला यी पवित्र परब मे मुसलमान लोग रोजा रख के अपने आप के गर्ब महसूस करेला लोग ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here