इहे महिना मे दीपिका पादुकोन आ रणवीर सिंह के होई सादी

103

एजेंसी, कार्तिक ४ गते

बॉलीवुड के ‘स्टायलिश जोडी’ दीपिका पादुकोन-रणवीर सिंह के सादी कार्तिक महिना मे होखेके तय भईल बा । करीब ५ साल से सम्बन्ध मे रहल आइल इह जोडी आजु ही सामाजिक सञ्जाल पर अपन सादी के दिन खोललख लोग । आवेला नोवेम्बर १४ आ १५ अर्थात कार्तिक २८ आ २९ गते सादी पक्का भईल बा ।

दीपिका आ रणवीर के जोडी मीडिया मे खुब ‘न्यूज’ बनावेला । इह जोडी सार्वजनिक स्थान पर खुलके सामने आईला के कारण इह जोडी ‘न्यूज’ मे बराबर रहेला। खाली ‘न्यूज’ ही ना इह जोडी ‘बॉक्स ऑफिस’ पर भी धमाल मचावेला। रामलीला, बाजीराओ मस्तानी आ पदमावत जैसन फिल्म मे अपन अभिनय आ ‘केमिस्ट्री’ से रंग जमईले बा लोग।

‘बैचलर’ के जोडी मे इह लोग खुब सफलता कमइले आ चर्चा मे रहल बा लोग । अब दर्शक के इंतजार बा इह देखेके की इह जोडी के सादी के बाद ‘कैरियर’ मे कौनो मोड ली की !

टिवीटर पर दीपिका-रणवीर इह कार्ड  रखके से सादी के दिन घोषणा कईलख लोग 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here