ईश्वर नईखन, जदी बाडन त कार्ल मार्क्स के ईश्वर कहला से होई

172

काठमाण्डू, १० बईशाख ।

एमाले अध्यक्ष आ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली दुनिया मे ईश्वर नईखन आ अगर कोई कहता की ईश्वर बाड़े त उ काल मार्क्स हउवे बतवले बाड़े ।

एतवार की दिने लेनिन जयंती के अवसर पर नेकपा एमाले आ नेकपा माओबादी केन्द्र के आयोजना मे आयोजित संयुक्त कार्यक्रम के सम्बोधन करत ओली मार्क्स ईश्वर हउवे बतवलन । महान बैज्ञानिक अल्बर्ट आइन्स्टाइन भी कार्ल मार्क्स के ईश्वर कहले रहले, प्रधानमन्त्री ओली कहले । ईश्वर नईखन माकिर कोई कहता की ईश्वर बाड़े त कार्ल मार्क्स समझला से होई ।

 ओली के हिसाब से पूरानका ईश्वर न्यायोचित काम ना कईला से शोषित , पीड़ित जनता के खातिर काम करेवाला मार्क्स के ईश्वर मानला से होई ओली के कहनाम बा । कम्युनिष्ट पार्टी के ६८ वा स्थापना दिवस के अवसर पर आयोजित संयुक्त कार्यक्रम मे ओली मार्कस्बादी दर्शन अनुसार नेपाल मे कम्युनिस्ट पार्टी के स्थापना होत बेरा ही आधारभूत मान्यता आगड़ी रखल गईल रहे दाबी कईले । जनता भी ओहिसे कम्युनिस्ट के बिश्वास कईलख क़हत एकता के अब कौनों बिकल्प नईखे बतवले ।

“आजू के दिन नेपाल मे न्यायोचित समाज के स्थापना के सपना देखल दिन ह” प्रधानमन्त्री ओली कहले । अभिन राष्ट्रनिर्माण आ समृद्धि  पहिलका प्राथमिकता मे रहल बा आ उ पूरा करे खातिर पार्टी एकता कर के अगाडि चले के प्रतिबद्धता जनवले । आपन्नपूर्णा पोस्ट

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here