ई साल से एसइई परीक्षा प्रदेश सरकार द्वारा सञ्चालन होई

311

काठमाडौँ, ५ पुस :
ई साल से माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसइई) कक्षा १० के सञ्चालन प्रदेश सरकार द्वारा होखे जात बा । मुलुक सङ्घीय संरचना में गईला बाद पहिलका बेर प्रदेश तह के एसइई परीक्षा सञ्चालन के जिम्मेवारी देहल गईल राष्टिूय परीक्षा बोर्ड परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय कक्षा १० के नियन्त्रक विष्णुप्रसाद अधिकारी देहले बानी ।

उनका अनुसार प्रदेश सरकार के सामाजिक विकास मन्त्रालयअन्तर्गत के शिक्षा विकास निर्देशनालय से परीक्षा सञ्चालन होई।  “हमनी ईहा से प्रश्नपत्र खाली भेजले बानी ”, उ कहले , “उत्तरपुस्तिका के छपाइ से लेके परीक्षा केन्द्र तोकेके, केन्द्राध्यक्ष तोके के काम प्रदेश सरकार द्वारा होई।”

परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय द्वारा गत वर्ष के तोकाईल परीक्षा केन्द्र ना बढ़ा के  सोही अनुरूप नयन केंद्र तोके के निर्देशन देहल गईल बा ।

एसे पहिले नियन्त्रण कार्यालय द्वारा परीक्षा सञ्चालन होत रहे । प्रदेश सरकार द्वारा सञ्चालन कईल उत्तरपुस्तिका नियन्त्रण कार्यालय में आई आ समपरीक्षण तथा नतिजा प्रकाशन कईल जाई ।

सरकार द्वारा ई साल से एसइई प्रदेशस्तर पर कईल जाई माकिर ओकरा खातिर आवश्यक तयारी ना हो सकला के कारण नियन्त्रण कार्यालय के ही जिम्मेवारी देवल गईल बा ।

ई साल के एसइई परीक्षा चैत १० गते से होखे जा रहल बा । उनका मुताबिक परीक्षा में करीब चार लाख ८० हजार विद्यार्थी सहभागी हो रहल बाड़े । अभिन प्रश्नपत्र के काम हो रहल जानकारी उ देहले । (रासस)

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here