उच्च अदालत के परमादेश के असर आवेवाला गढ़ीमाई मेला पर भी पर सकेला

627

प्रभु यादव , श्रवण ११ ।

उच्च अदालत वीरगंज द्वारा जारी भइल परमादेश के असर आवे वाला गढ़ीमाई के मेला पर भी पर सके के सरोकारवाला द्वारा चिंता जतावल गइल बा । गढ़ीमाई मन्दिर संचालक तथा विकास समिति, बरियारपुर के सदस्य चुनाव के लेके उच्च अदालत जनकपुर अस्थाई इजलास वीरगंज द्वारा जारी भइल परमादेश से समिति के सदस्य लोग के चुनाव के लेके असमंजस के स्थिति बनाला से आवेवाला गढ़ीमाई मेला के तैयारी पर असर पर सकेके आसंका जतावल गइल बा ।

उच्च अदालत से मुद्दा मे पहिले कवनो निर्णय ना देहलक माकिर चुनाव के ठिक आगे आके परमादेश जारी कईल उचित ना भइल बात गढीमाई मन्दिर संचालक तथा विकास समिति बरियारपुर के अध्यक्ष रामचन्द्र साह जनकारी करवले बाडन ।

सनिचर के दिन पत्रकार समेलन करत अध्यक्ष साह जनकारी देत गढीमाई ट्रस के संचालक समिति के नयाँ चुनाव सावन के ११ गते होखेवाला रहल आ येकरा खातिर सब प्रक्रिया पूरा हो गइल रहे माकिर अन्तिम मे उच्च अदालत से भइल आदेश से नयाँ सदस्य चयन प्रक्रिया में अन्वलता बढल बतवनी।

समिति से सदस्यता देवे ला आ सदर करके काम पूरा भईला बाद चुनाव मे जाये के भईल रहे माकिर परमादेस से सब कुछ अधर में लटकल बा एसे आवेवाला गढ़ी माई मेला के तैयारी में भी ढिलाइ हो सकेके चिंता साह कइनी ।

संस्था के सदस्य बढला पर आपना के कवनो आपती ना भईल माकिर चुनाव होखे के चाहिँ आ नयाँ समिति के चयन जल्दीए होखे के चाही अध्यक्ष साह कहनी ।

कार्जक्रम मे विश्वनाथ प्रसाद साह, त्रिपुरारी साह लगायत समिति के सदस्य लोग के सहभागिता में भईल कार्जक्रम में पत्रकार सुजित अर्याल, राकेश पाण्डे, राजेश कुशवाहा, अजय साह, नरेश गुप्ता, अनिल पाण्डे लगायत के लोग उपस्थित रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here