उपनिर्वाचन : मतदान शुरू, डर आ त्रास मे ना पर के निर्धक हो के मतदान करे के आयोग के निहोरा

    133

    काठमाण्डू, १४ अगहन ।

    प्रतिनिधि सभा सदस्य, प्रदेश सभा सदस्य आ स्थानीय तह के खाली रहल ५२ पद के उपनिर्वाचन के खातिर आजू सबेरे ७:०० बजे से मतदान शुरू भईल बा । मतदान के खातिर सारा ज़रूरियात काम पूरा हो गईल बा आ बढ़िया ब्यावस्था भइला के कारण कौनों भी शंका, डर भाय त्रास मे ना पर के निर्धक हो के सारा मतदाता लोग के मतदान करे आवे के प्रमुख निर्वाचन आयुक्त दिनेश कुमार थपलिया निहोरा कईले बाड़े ।

    प्रतिनिधि सभा ओर से २१, प्रदेश सभा सदस्य ओर से ४३ आ स्थानीय तह के अनेकन पद खातिर २७३ उमेदवार चुनावी दंगल मे उतरल बा लोग । यी निर्वाचन मे ४ लाख ५४ हजार ११४ लोग मतदान करे के मताधिकार बा ।

    निर्वाचन कानून के अनुमति देहल उमेदवार, मतदाता, ब्यक्ति आ अधिकारी के अलावा दोसार कोई भी आदमी के मतदाता केन्द्र मे प्रवेश ना करे के सल्लाह देत आयोग मतदाता के स्वतन्त्र आ विवेकपूर्ण ढंग से मतदान करे के जन्मसिद्ध अधिकार के सम्मान करे के आ सहज वातावरण बना देवे के निहोरा कईले बाड़े ।

    कहा कहा होता उपनिर्वाचन

    कास्की निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ मे प्रतिनिधि सभा सदस्य आ भक्तपुर निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ के (क), बागलुंग निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ के (ख) आ दाङ निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ३ के (ख) मे प्रदेशसभा सदस्य खातिर उपनिर्वाचन हो रहल बा । संबन्धित क्षेत्र के प्रतिनिधि सभा आ प्रदेश सभा सदस्य के मृत्यु हो गईला के कारण यी क्षेत्रन मे उपनिर्वाचन हो रहल बा ।

    सुनसरी के धरान उपमहानगरपालिका के प्रमुख, पाँचथर के फाल्गुनन्द, संखुवासभा के मकालू, महोतरी के पिपरा गांवपालिका के अध्यक्ष आ हुमला के खार्पुनाथ गांवपालिका के उपाध्यक्ष पद खातिर अगहन आजू उपनिर्वाचन होखेवाला बा । खाली ४३ वादअध्यक्ष मे से महोतरी मटिहानी नगरपालिका – ६ के वाडअध्यक्ष के राजीनामा भइल रहे ओइसे ही अनेकन स्थानीय तह के सात गो वाडअध्यक्ष जिल्ला समन्वय समिति मे निर्वाचित भइल रहे लोग ।

    निर्वाचन आयोग के हिसाब से वाडअध्यक्ष लोग के अनेकन कारण मृत्यु भइला से उपनिर्वाचन हो रहल बा जानकारी देहले । पाँचथर के फिदिम नगरपालिका – १, हीलिहांग गांवपालिका – २, भोजपुर के पौवादुंग गांवपालिका – १, मोरङ के धनपालनाथ गांवपालिका – ७, सुनसरी के धरान उपमहानगरपालिका-७, संखुवासभा खांदबारी नगरपालिका-३, खोटाङ के साकेला गांवपालिका-३, सिराहा के कल्याणपुर नगरपालिका-१२, महोतरी के बलवा नगरपालिका-२ आ ८, सर्लाही के हरीपूर्वा नगरपालिका-१, रौतहट के गढ़ीमाई नगरपालिका-२, बारा के बारागढ़ी नगरपालिका-१, पर्सा के सखुवापरसौनी गांवपालिका-५, रामेछाप के उमाकुण्ड गांवपालिका-५, सिन्धुपाल्चोक इंद्रावती गांवपालिका-८, काभ्रेप्लांचोक के धुलीखेल नगरपालिका-२, काठमाण्डू के दक्षिणकाली नगरपालिका-३, चितवन के भरतपुर महानगरपालिका-१६ आ खैरहनी नगरपालिका-४ आ ५ मे भी उपनिर्वाचन हो रहल बा ।

    नवलपरासी के बौदिकाली गांवपालिका-५, गुल्मी के रूरु क्षेत्र गांवपालिका-६, अर्घाखाँची के मालारानी गांवपालिका-६, प्युठान के प्युठान नगरपालिका-२, रोल्पा के थ्वाङ्ग गांवपालिका-१, दाङ के घोराही उपमहानगरपालिका-१६, बाँके के कोहलपुर नगरपालिका-६ मे भी उपनिर्वाचन हो रहल बा ।

    ओइसे ही बाजूरा के त्रिवेणि नगरपालिका-१, आछाम मेललेख गांवपालिका-५, डोटीके आदर्श गांवपालिका-२, बैतड़ी के पुर्चाडी नगरपालिका-४, सुरन्या गांवपालिका-१ आ दोगड़ाकेदार गांवपालिका-४ आ कपिलवस्तु के शिवराज नागरपालिका-१० के वाडध्यक्ष के मृत्यु भइला के कारण यी तह मे वाडध्यक्ष पद के खातिर उपनिर्वाचन हो रहल बा आयोग जानकारी करवले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here