The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

एकदिवसीय क्रिकेट में पारस के पहिलका शतक संगे नेपाल जितल आपन पहिलका एकदिवशीय सिरीज़

काठमांडू, माघ १४ ।

कप्तान पारस खड्का द्वारा युएई विरुद्ध तिसरका औरी अन्तिम क्रिकेट खेल में ऐतिहासिक प्रदर्शन करत नेपाल ख़ातिर पहिलका एकदिवसीय शतक बनवला संगे ही नेपाल आपन क्रिकेट खेल के इतिहास में पहिलका अंतराष्ट्रीय एकदिवसीय क्रिकेट शृङ्खला जीते में सफल भइल बा ।

नेपाल के तरफ से अंतराष्ट्रीय एक दिवसीय क्रिकेट में शतक मारे वाला पहिलका खेलाडी भइल बाड़े । युएई द्वारा बनावल गइल २५४ रन पिछा करे के क्रम में  नेपाल ४४.४ ओभरमा ६ विकेट क्षति में लक्ष्य पूरा कईले रहे। ई जित संगे ही नेपाल युएई विरुद्ध के तीन खेल के एकदिवसीय शृङ्खला २-१ से आपन पक्ष में करे में सफल भइल बा ।

एतिहासिक पारी में कैप्टन खड्का १०९ बल पर १३ चौका आ एक छक्का मारत कुल ११५ रन मारले रहलन । उनकर शतकीय पारी के बदौलत नेपाली टोली २५५ रन के लक्ष्य पिछा करे के क्रम में बरियार स्थिति में पूगइल रहे।

प्रारम्भिक ब्याट्सम्यान विनोद भण्डारी पाचवा ओभर में ही आउट भइला बाद नेपाल के जीत में कैप्टन खड्का के आलवा उपकप्तान ज्ञानेन्द्र मल्ल के ३१ रन, आपन डेबू खेल में सन्दीप जोरा के १९, रोहित पौडेल के १६, आरिफ शेख के २१ आ सोमपाल कामी के २६ रन महत्वपूर्ण योगदान रहल ।

नेपाल के पहिलका अंतराष्ट्रीय शृखला जितला पर देश भर बधाई के दौर चल रहल बा त उहवे ई उपलब्धि ख़ातिर अन्तर्राष्ट्रिय क्रिकेट परिषद भी नेपाल के विजय ख़ातिर बधाई दहले बा।

ई एतिहासिक जीत पर सम्पूर्ण नेपाली टीम सहित देशवासी के आपन वीरगंज परिवार के तरफ से भी हार्दिक बधाई बा ।

प्रतिकृया
Loading...