The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

एके दिने १७१ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, देश मे संक्रमित के संख्या ११९८

काठमाण्डू, १६ जेठ ।

नेपाल मे काल्ह बियफे के दिने एके बेर १७१ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भइल बा । एके दिने भेटाइल अभी तक के यी सब से बेसी संख्या ह । एकरा संघही नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या ११९८ पहुचल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के हिसाब से धनुषा के २९ जने मे कोरोना संक्रमित पुष्टि भइल बा । संक्रमित होखे मे ४ साल के पच्ची आ ८ साल के लईका भी बाड़े । दोसर संक्रमित लोग १४ से ७० साल के उमेर तक के रहल बा लोग ।

बियफे के झापा मे अउरी २५ जने कोरोना संक्रमित पुष्टि भइल बा लोग । कोसी अस्पताल मे कईल गईल परीक्षण मे २५ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भइल बा ।

रौतहट के २० जने मे करोना संक्रमण के पुष्टि भइल बा । काठमाण्डू के टेकु मे भइल परीक्षण मे १२ से ३० साल के ३ जने आ धुलीखले अस्पताल के प्र्योगशालामे कईल परीक्षण मे ८ साल के बच्चा से ले के ४० साल के पुरुष सहित १७ जने मे संक्रमण मिलल बा ।

ओइसे ही महोतरी के १७ जने के रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल बा । महोतरी मे मिलल संक्रमित लोग मे १५ से ले के ४५ साल के ऊमीर के रहल बा लोग । सर्लाही के ७ जने आ सिराहा के ६ जने कोरोना संक्रमित पुष्टि भइल बा लोग ।

सप्तरी मे १४ जने मे संक्रमण देखल गइल बा । राष्ट्रीय जनस्वस्थ्य प्रयोगशाला टेकु मे भइल परीक्षण मे १८ से ४२ साल के १२ जने मे आ वीपी कोइराला स्वस्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धारान मे कइल परीक्षण मे ३२ आ ४७ साल के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा स्वास्थ्य मन्त्रालय जानकारी देहले बा ।

ओइसे ही दैलेख के १७ से ४० साल के ७ जने पुरुष मे आ २० साल के एगो महिला कर के ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल बा । दोलखा के १९ आ २० साल के दु जने पुरुष मे भी कोरोंना पॉज़िटिव पुष्टि भइल बा ।

पोखरा मे भइल परीक्षण मे स्यंगजा के तीन जने के रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल बा । २२ आ २६ साल के पुरुष आ ४९ साल के महिला मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । सेती अस्पताल मे भइल परीक्षण मे दार्चुला के २५ साल के पुरुष आ कैलाली के २५ आ ३० साल के कर के ३० जने के रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल मन्त्रालय जानकारी देहले बा । भेरी अस्पताल, नेपालगंज के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे बर्दिया के ३ आ बाँके के १ जने पुरुष कोरोना संक्रमित पुष्टि भइल बा लोग ।

कपिलवस्तु मे बियफे के एके दिने २३ जने आ रुपन्देही मे एक जना संक्रमित अउर बढ़ल बा लोग । कपिलवस्तु के २३ जने मे से बिजय नगर गांवपालिका के ९ जने, कपिलवस्तु नगरपालिका के १३ जने आ महाराजगंज नागपालिका के १ जने बा लोग । कपिलवस्तु मे भारत से आ रहल एक जने के अर्घखांची के एक जने के मृत्यु भइल बा । उनकर रिपोर्ट भी कोरोना पॉज़िटिव आइल बा ।

पर्सा मे ४ जने मे कोरोना संक्रमित बढ़ल बा लोग । पर्सा के पोखरिया नगरपालिका मे रहल श्री रामदेव साह कलवार मावि मे रहल ४ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल बा । बियफे के संझिया म्याग्दी सादरमुकाम बेनी मे मालिका गांवपालिका के ३० साल के एक जने पुरुष मे भी संक्रमण देखल गइल बा ।

नेपाल मे अभी तक ५ जने के कोरोना से मृत्यु हो गइल बा आ १९० जने ठीक हो के घरे वापस जा चुकल बा लोग । बियफे के भारत से आवतअर्घाखांची के एक जने के मृत्यु भइल बा जेकर कोरोना टेस्ट पॉज़िटिव आइल बा पर सरकार अभी ले मृत्यु के कारण कोरोना घोषणा नईखे कईले ।

प्रतिकृया
Loading...