एको पईसा भ्रष्टाचार कईल प्रमाणित होई त राजीनामा दे देहेम – अध्यक्ष चौरसिया

536

वीरगंज, २६ भादो ।

पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गांवपालिका के अध्यक्ष बिजय चौरसिया एको पईसा के भ्रष्टाचार नईखी कईले कह के दाबी कईले बाड़े । भ्रष्टाचार कईला के अगर प्रमाण मिलल त हम राजीनामा दे देहेम कहले बाड़े ।

पत्रकार सम्मेलन कर के अध्यक्ष चौरसिया बजेट खर्च ना करे देहनी ओहि खीसे कुछ नेता आ कार्यकर्ता लोग उपाध्यक्ष कुशमी देवी के कान भर के हमार चरित्र पर दाग लगावे के काम कईले बा लोग आरोप लगावले बाड़े ।

जेटना पईसा आइल बा बिकास निर्माण मे ही खर्च भईल बा । हम कोई से कमीशन नईखी लेहले । एक पईसा के भ्रष्टाचार नईखी कईले उ कहले, बिरोधी लोग उपाध्यक्ष के कान भर के हमरा बिरोध मे षड्यंत्र रचले बा लोग । गांव मे बिजय चौरसिया दु करोड़ के भ्रष्टाचार कईले बाड़े कह के हल्ला बा । ओइसनके कमजोर आदमी रहती त हार्ट अट्याक होखे मे तनिको समय ना लागीत ।

बिना आधार आ झूठ मूठ के काल्पनिक शीर्षक खाड़ा कर के बिरोधी लोग भ्रम फैला रहल बा उ आरोप लगवले । अध्यक्ष परिषद मे बहुमत सदस्य सहभागी करा के हस्ताक्षर भी करे के जानकारी देहले ।

 प्राविधिक कारण के वजह से एम्बुलेंस के मरमत ना होखे सकल क़हत ओमे हमार कमजोरी बा क़हत पत्रकार सम्मेलन मे स्वीकार कईले । अनेकन प्राविधिक कारण से एम्बुलेंस मरमत ना होखे सकल बा । इंजिन एक जगह, पेन्ट के काम अलग जगह, चक्का बदले के बा क़हत तीन महिना पहिले मरमत खातिर भेजल गईल बा । बहुते खर्चा बा माकिर अब बहुते जल्दी एम्बुलेंस तैयार हो जाई ।

न्यायिक समिति गठन हो गईल बा बतावत उ उपाध्यक्ष कुशुमी देवी के कान भर के चढ़ा बढ़ा के कुछ आदमी लोग फाइदा लेवे के खोज रहल बा बतवले । न्यायिक समिति गठन कर लेहले बानी सन , उनका के आदमीलोग चढ़ा बाढ़ा के का का बात करवा रहल बा लोग समझ नईखे आवत उ कहले, न्यायिक समिति ना चाही हम काबो नईखी कहले ज़रूरियात कर्मचारियन के ब्यावस्था करे तक के हम वचन देहले वानी ।

पत्रकार सम्मेलन मे बोलत वाड नम्बर १ के अध्यक्ष अम्बिका सहनी गांव मे कौनो भी पार्टी काहे ना होखे बिकास के काम मिल के आ एके गो लक्ष्य ले के काम कर रहल बानी हमनी ।

उ गांव मे नमूना बिकास के काम भईल ब दाबी करत पत्रकार लोगन के आके गांवपालिका मे देखे के निहोरा भी काईले । गांव मे आके बिकास के काम देखि , आर सीसी ढालान कर के सड़क के निर्माण भईल बा । उ कहले औरी कौनों गांवपालिका मे ना भईल बिकास के काम हमनी के गांवपालिका मे देखे के मिली ।

बितल भादो २२ गते उपाध्यक्ष कुशुमी देवी सहित कुछ जनप्रतिनिधि आ राजनीतिक अगुवा लोग गांवपालिका बजेट सार्वजनिक ना कईल आ बहुते अनियमितता भईल के दाबी कईले रहे लोग । अनलाईन खबर 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here