एक के बाद एक बलात्कार के घटना से प्रदेश 2 बदनाम, पर्सा मे बलात्कार त धनुषा मे सामूहिक बलात्कार

119

राजेश अभिराज यादव धनुषा

चैत, १५

काल्हू के दिन प्रदेश २ खातिर करिया दिन रहे काहेसे की काल्हू पर्सा आ घनुषा मे एके दिने अलग अलग बलात्कार के घटना सामने आइल बा । काल्हू बुध के पर्सा के बहुदरामाई नगरपालिका के वाड नम्बर ५ के बारवा मे १0 वर्षीय लइकि के उनके पड़ोसी द्वारा बलात्कार भईल प्रहरी बतैले रहे त ओने प्रदेश २ के ही धनुषा जिल्ला मे कल्कि राति १३ बर्षीय लईकि के साथे समूहिक वलात्कार के घटना सामने आइल बा ।

बीतल रात के धनुषा मे एक लईकि सामुहिक बालात्कार के शिकार भईल बाड़ी । धनुषा के शहिदनगर नगरपालिका वाड़ नं. ८ बिसरभोरा मे काल्हू राते ११ बजे एक १३ वर्षिय लईकि बलात्कृत भईल बाड़ी ।

बाबु माई घर मे ना रहला के मउका ताक के स्थानीय धनिक लाल नरसरिया के बेटा अन्दाजी बर्ष ३२ के भुट्टाई कहे जाए वाला मनोज नरसरिया आ जतन बिराजी के अन्दाजी ३० बर्षिय बेटा दिपेश बिराजी द्वारा उ लईकि के घर से मुह बाँध के गाँव से दूर लेजाके सामुहिक बालात्कार कईल रहे ।

लईकि के बाबू माई  उनकर मामा घर सिरहा के मटलेश्वर न्यौता मे गईल बेर मउका ताक के लईकि के घर से करिब १ किलोमिटर दक्षिण खेत मे लेजाके बलात्कार कईल लईकि के कहनाम बा ।

बुध के रात के करिब ११ बजे घर मे केहु ना रहल मौका ताक के दुनु जने लईकि के घर मे ढुक के मुह दाब के दूर लेगइल बतावल गईल बा । लईकि के बलात्कार करत मोबाईल मे भिडियो समेत खिच के दुनु जने गाव से फरार भईल स्थानीय विनोद रोहिता बतवनी ।

ओकनी सब हमरा संघे जबर्जस्ति कईलख, हमार मुख दाब के हमरा के घर से उठा के लेगइल, हमरा साथे कुकर्म कईल सन आ मोबाईल मे भिडियो भी खिचते धम्की भी देले सन, केहु के कहबू त मार देम पीडित लईकि कहली ।

बलात्कार बाद रोवत घरे आईल लड़की छरछिमेक के घटना बारे मे जानकारी करावला के बाद स्थानीय द्वारा प्रहरी के खवर देवल गईल रहे । पीडित लड़की के स्वास्थ्य परीक्षण तथा उपचार खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय द्वारा जनकपुर अञ्चल अस्पताल भेजल गईल बा त घटना मे संलग्न फरार दुनु अभियुक्त के खोजतलास हो रहल प्रहरी निरीक्षक पवन झा बतवनी।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here