एक महिना तक जनकपुर क्षेत्र मे लाइन अवरोध होई – बिधुत प्राधिकरण जनकपुर

    212

    जनकपुरधाम । ०७ असोज ।

    जनकपुर, ७ कुवार ।

    नेपाल बिधूत प्राधिकरण जनकपुर बितरण केन्द्र के भीतर परेवाला जगहन मे एक महिना तक बिधूत आपूर्ति अवरोध होखेवाला बा ।

    नेपाल बिधूत प्राधिकरण, जनकपुर बितरण केन्द्र के भीतर रहल ढलकेबार से मुजेलिया सब स्टेशन तक ३३ केभी डबल सर्किट लाइन के कंडक्टर ओभरलोड भइला के कारण जनकपुर, यदुकुहा समेत महोतरी जिल्ला के क्षेत्र मे भोल्टेज के कमी आ बेर बेर लाइन अवरोध हो के बिधूत आपूर्ति मे खराबी जईसन समस्या बारम्बार आईला से बिधूत प्राधिकरण यी समस्या समाधान खातिर बिधूतीया उपकरण के मरम्मत करे के सूचना सहित जानकारी करवले बा ।

    समस्या के समाधान संघही भबीष्य मे मांग के हिसाब से बिधूत आपूर्ति करे ना सकला से २ गो सर्किट मे से सर्किट २ के कंडक्टर अपग्रेड करे के काम करे खातिर मिति २०७६/०६/०७/ से २०७६/०७/०८ तक सबेरे ८:०० से ५:०० सूचित हिसाब के फीडरसे बिधूत आपूर्ति बंद रहे के जानकारी सूचना प्रकाशित कर के सार्वजनिक कईल गईल बा ।

    ३३ केभी के १ गो सर्किट खाली चालू रहला के कारण लोड ब्यावस्थापन कर के बन्द रहल फीडर मे पारापरी कर के बिधूत आपूर्ति कईल जाई जानकारी देहल गईल बा बिधूत प्राधिकरण जनकपुर बितरण केन्द्र जानकारी करवले बा ।

    बिधूत प्राधिकरण दशाहरा मे बिधूत सेवा अवरोध ना होई समेत जानकारी करवले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here