एक महिना भीतर तीन नाबालिक लड़की के बलात्कार से पर्सा बदनाम, कडा कानून के माँग

357
प्रतिकारात्मक तस्बिर

वीरगन्ज,१४ चैत

पिछिलका समय पर्सा जिल्ला मे नाबालिक बच्ची के बलात्कार के घटना मे बढ़ोतरी आईल बा । पर्सा जिल्ला मे बितल एक महिना भीतर ८ वर्ष से १0 वर्ष तक के तीन जने नाबालिका बलात्कृत भईल बाड़ी । बितल फाुगन २० गते से चैत १४ गते तक पर्सा के पटेर्वासुगौली गांवपालिका, पर्सागढी नगरपालिका आ बहुदरामाई नगरपालिका मे नाबालिक बच्चीसब बलात्कृत भईल बाड़ी । बलात्कार के सिकार होखे मे ८ वर्ष, १२ वर्ष आ १0 वर्ष के लइकि सब रहल प्रहरी द्वारा बतावल गईल बा ।

इहे क्रम मे काल्हू बुध के पर्सा के बहुदरामाई नगरपालिका के वाड नम्बर ५ के बारवा मे १0 वर्षीय लइकि उनके पड़ोसी द्वारा बलात्कार भईल प्रहरी जनईले बा । बारवा निवासी २३ वर्षीय मणिभुषण पाण्डे द्वारा पड़ोसी लइकि के बहला फुसला के अपने घर के कोठरी मे बोला के जबरजस्ती करत बेर लइकि द्वारा चिच्याइला पर स्थानिय द्वारा सुन के प्रहरी के जानकारी कराईला के बाद युवक के पक्राव परल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक राजन लिम्बु जानकारी देहनी ।

उनका मुताबिक लइकि चिल्लाइल आवाज सुनला के बाद स्थानिय द्वारा इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली आ प्रहरी चौकी महुनव मे जानकारी क़रावल रहे तेकर बाद अभियुक्त पाण्डे के प्रहरी घर से ही नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

बलात्कार के अभियोग मे पक्राव परल पाण्डे आ पिडित लइकि के आजे साझ के वीरगन्ज के नारयाणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे स्वास्थ्य परिक्षण क़रावल गईल प्रहरी जनईले बा । स्वास्थ्य परिक्षण के रिर्पोट मिलला के बाद प्रमाण के मुताबिक कानुनी प्रकृया के आगा बढ़ावल जाई नायब उपरिक्षक लिम्बु कहनी ।

पक्राव परल पाण्डले के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख़ के आवश्यक अनुसन्धान हो रहल बा त लइकि के बयान लेला के बाद उनका के अभिभाव के जिम्मा लगावल प्रहरी बतईले बा ।

पिछिला फागुन २० गते पर्सा के पटेर्वा सुगौली मे बकरी चरावे घर से निकलल ८ वर्षीय बच्ची के बलात्कार भईल रहे त चैत के ही ६ गते पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका के झबराहा मे १२ वर्षीय लइकि के उनके घर के भान्सा मे पड़ोसी द्वारा बलात्कार कईल गईल रहे ।

पटेर्वासुगौली मे ८ वर्षीय बच्ची के बलात्कार कईल अभियोग मे प्रहरी द्वारा पोखरिया नगरपालिका वडा नम्बर ४ निवासी वर्ष २० के सुनिल तुरहा के पक्राव कईल रहे त झबराहा मे लइकि के बलात्कार करल अभियोग मे १७ वर्षीय सितारामा उप्रेती के प्रहरीले नियन्त्रण मे लेहले रहे । पक्राव परल साह आ उप्रेती ऊपर प्रहरी द्वारा जबरजस्ती करणी मुद्दा चलाके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख़ के थप अनुसन्धान होरहल बा ।

एक महिना मे तीन तीन बच्ची के साथ भईल बलात्कार के बाद प्रदेश ३ जैसन नवालिक संघे बलात्कार के घटना मे दोष प्रमाणित भईला पर सीध मृत्युदण्ड देवे के स्थानीय पर्सावासी के माँग बढ़रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here