एगो क्रिकेट खेल अईसन भी, विवाहित भर्सेज अविवाहित

567

वीरगंज, बईशाख १५

देश भर क्रिकेट के लेके जुनून बढ़ रहल बा त ई मामला मे वीरगंज पहिलही से आगा रहल बा । वीरगंज मे आजकल आईपीएल के क्रेज़ देखे के मिलत बा, हर गली चौराहा पर क्रिकेट आ आईपीएल के बतकही चलरहल बा । ओइसने मे ईहा के स्थानीय युवा लोग बिच एक हप्ता पहिले एगो क्रिकेट मैच खेलेके बात उठल रहे । बात अन्त मे जाके विवाहित आ अविवाहित युवा बिच क्रिकेट मैच खेलेके निर्णय भइल । उहे निर्णय मुताबिक आजू सबेरे वीरगंज के नारायणी क्रिकेट स्टेडियम मे उक्त समूह बिच मैत्रीपूर्ण मनोरंजनात्मक क्रिकेट मैच खेलल गइल ।

सबेरे ७ बजे से क्रिकेट स्टेडियम मे भईल मैच मे विवाहित टीम के अगुवा विवेक यादव के कंधा पर रहे त ओने अविवाहित टीम के बागडोर केशव राज मिश्र सम्हर्ले रहनी । १६ ओवर के मैच मे टॉस जीत के अविवाहित टीम के कैप्टन मिश्र बल्लेवाजी के फैसला लेहले । आपन पूरा ओवर खेलत ६ विकेट के नोक्सानी पर कुल ८४ रन मात्र अविवाहित टीम बना सकल रहे जेमे टीम के ओर से सबसे जादे दिलीप गुप्ता ३० बॉल पर २२ रन बनैले रहले । बल्लिंग करत विवाहित टीम से समीर मंसूरी सर्वाधिक ३ विकेट लेहले रहले ।

८५ रन के लक्ष्य लेके बल्लेबाजी करे उतरल विवाहित टीम आपन लक्ष्य १४ वां ओवर मे ही प्राप्त कर लेहल । १४ ओवर मे ६ विकेट के नोक्सानी पर लक्ष्य पूरा करे मे टीम के ओर से नरेंद्र मेहता मात्र ४० बॉल पर एक छक्का आ पाँच गो चौका सहित धुवाधार ५७ रन जड़ देले रहनी । बल्लिंग मे अविवाहित टीम के ओर से सर्वाधिक उमेश यादव ४ विकेट लेहले रहनी ।

टेकमाईन्ड्स नेटवर्क प्राइवेट लिमिटेड के आयोजना मे सम्पन्न आजू के मैच के ‘मैन ऑफ दि मैच’ धुवाधार बल्लेवाजी करेवाला विवाहित टीम के नरेंद्र मेहता के देहल गईल रहे । अइसन मैच से नयाँ पुरान युवा के खेल स्तर बरकरार राखे मे मदत मिली क़हत आजू के मैच से बेहद खुसी मिलल आ अइसन मैच के आगे भी जारी राखे के सुझाव मैन ऑफ दि मैच घोषित भईल मेहता बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here