एगो सफ़ाई अईसन भी, पर्सा पुलिस के “नवमजनू सफ़ाया अभियान”

232
(Pic copied via MS Creation Films)

वीरगंज, चईत २५

आजूकाल्ह प्रदेश न. २ के पर्सा ज़िला में बढ़ रहल बलात्कार, यौन दुर्व्यवहार तथा छेड़खानी के घटना रोके ख़ातिर पर्सा ज़िला पुलिस द्वारा एगो अनूठा सफ़ाई अभियान “नवमजनू सफ़ाया अभियान” शुरू कईल गईल बा। ई अभियान के तहत अपराधी के पहिचान कर जल्दी से जल्दी धर-पकड़ कके सख़्त से सख़्त सज़ा दिलावे वास्ते पर्सा पुलिस प्रतिबद्ध भईल बा।

राह चलत लईकी, स्कूल जात विध्यार्थियन के ऊपर चौक-चउराहा प गली में जब न तब समाज में व्याप्त असामाजिक, कु-संस्कारी तत्व द्वारा छेड़खानी के घटना में लगातार बढ़ोत्तरी हो रहल बा। लईकी लोग प गंदा चुटकुला मारके, अश्लील इशारा कके, शरीर छूके जईसे -तईसे यौन दुर्व्यवहार करेवाला नवका आशिकन लोग के पकड़ के क़ानूनी दायरे में लावे के अभियान में पर्सा पुलिस जी-जान जुटल बा। लाज-शरम के डर से लईकी लोगिन अपना ऊपर हो रहल ई ज़्यादती के विरोध में कबो खुल के आवे से डेराली। यौन-दुर्व्यवहार आ छेड़खानी के बहुते घटना के रिपोर्ट ना होला से छेड़खानी करेवाला कु-संस्कारी लईकन के मनोबल में दिने-दिन बढ़ोत्तरी हो रहल बा। जेकर परिणाम बा कि पर्सा ज़िला में बलात्कार आ छेड़खानी के घटना एकबैग बढ़ गईल बा।

पर्सा पुलिस के कहनाम बा जे कवनो छोट से छोट घटना के भी जब पुलिस के संज्ञान में ले आवल जाई तब जाके ई “नवमजनू सफ़ाया अभियान” सफल होई। ज़िला प्रहरी पर्सा के प्रवक्ता के कहनाम अनुसार नागरिक समाज के सक्रिय सहभागिता से छेड़खानी आ यौन दुर्व्यवहार के घटना में कमी लावल जा सक& ता। क़ानून सख़्त बा बाकिर क़ानूनी जानकारी के अभाव आ शिक्षा में कमी के वजह से अईसन घटना रुकत नईखे। मनचला, मनबढ़ल, हीरोबाज़ी क रहल लईकन से सुरक्षा खातिर ई अभियान के ख़ाली शहर तक सीमित ना कके बलुकि गाँव, देहात आ टोल-टोल तक पहुँचावे के लक्ष्य राखल गईल बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here