एच.आई.भी. एडस सम्बन्धि जनचेतनामुलक तालिम

127

पोखरिया, १७ माघ,

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ जयमंगलापुर मे एच.आई.भी. एडस सम्बन्धि ३ दिने जनचेतना मुलक तालिम सुरु भइल बा । तालिम मे एच.आई.भी. एडस काथि ह ?, एकरा से बँचेवाला उपाय के बारेमे सहभागीलोग के जानकारी करावल गइल रहे ।

छिपहरमाई गाँवपालिका के सहजोग आ ग्रामिण समाज बिकास केन्द्र वीरगंज के आयोजना मे भइल तालिम के उदघाटन गाँवपालिका प्रमुख मनोज कुमार गुप्ता कइले रहनी । वार्ड अध्यक्ष विनोद प्रसाद कानु के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम मे गाँवपालिका के ५ गो वार्ड के ४० जने जनानीलोग के सहभागीता रहल रहे । सहभागीलोग के साबिर अहमद एराज आ सृजना लामा प्रशिक्षण देहले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here