एतवार से देशेभर मौषम साफ होखेके

140

काठमांडु । माघ २६ ।

एतवार से देशेभर के मौषम साफ होखेके मौषम विभाग जनवले बा । वितल मंगर से पश्चमी न्यूनचापीय प्रणाली के प्रभाव लौकला बाद देशे भर वर्षातसँगे हिमाली क्षेत्र मे हिमपात भी होरहल बा । शनिचर के आजु दिनभर काठमाडौं उपत्यकासहित तराई के क्षेत्र मे मध्यम वर्षात होखेके जल तथा मौसम विज्ञान विभाग पूर्वानुमान महाशाखा के मौसमविद् वरुण पौडेल जनवले बानी ।

पश्चिमी क्षेत्रमे सबेरे हल्का बदली होई माकिर दुपहरीया से मौसम साफ होखेके मौषमविद् पौडेल बतवनी । पश्चिमी न्यूनचापीय प्रभाव पूरुब के ओर बढते गईला बाद एतवार से मौषम साफ होखेके पौडेल बतवनी । वितल बुध से वर्षातसँगे हिमपात भईला से जाडा भी बढल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here