एभिन्यूज खबर टेलिभिजन कार्यालय मे तोडफोड करेवाला उपर किटानी मुद्दा

    135

    वीरगंज, ०२ जेठ ।

    वीरगंज के श्रीपुर मे रहल एभिन्यूज खबर टेलिभिजन च्यानल के ब्यूरो कार्यालय मे बितल सोमार के दिने भइल तोड़फोड़ मे सामील रहल पाँच जने के उपर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे बुध के दिने जाहेरी देहल गईल बा ।

    एभिन्यूज खबर च्यानल के पर्सा संवादता हरीशंकर शर्मा तोडफोड मे सामील रहल क़हत वीरगंज महानगरपालिका – १३ वाडध्यक्ष तूफान फारुक अंसारी, वीरगंज – १० के निखिल वर्णवाल, दीपराज वर्मा, विशाल कुमार आ नूर आलम के उपर काल्ह बुध के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे किटानी जाहेरी देहले बाड़े ।

    एकरा से पहिले जवन दिन घटना भईल ओह दिन तोडफोड मे सामील के पकड़के करवाही खरे खातिर मांग करत शर्मा जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे जाहेरी देहला के बाद भि प्रहरी उ लोग के पकड़े मे कौनों इन्टरेस्ट ना देखावला के बाद शर्मा बुध के दिने किटानी नालिस देहले ।

    जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायव निरीक्षक अनन्तराम शर्मा कहले किटानी जाहेरी मे नाम लिखल आदमी लोग तालाश कईला के बाद भाई अभी तक उ लोग के हमनी नईखे खोजेसकल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here