एसियन डिष्टिलरी के मजदूर आ कर्मचारी आन्दोलित

107

वीरगंज, ३१ आसार ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर २४ रामगढ़वा मे रहल एसियन डिष्टिलरी उद्धोग मे काम करेवाला कर्मचारी आ मजदूर लोग आंदोलन मे उतरल बा लोग । उद्धोग व्यवस्थापन कामकरेवाला मजदूर आ कर्मचारी के संख्या मे भारी कटौती कईला के बिरोध मे कर्मचारी मजदूर आज से आंदोलन मे उतरल बा लोग ।

कर्मचारी मजदूर आंदोलन मे उतरत आज सेबेरे से उद्धोग के मुख्य द्वार पर तालाबन्दी करत धर्ना देहत प्रदर्शन कईले बा लोग । उद्धोग से उत्पादन होखेवाला दारू ना बिकला से उद्धोग घाटा मे बा आ मजदूर कर्मचारी के आर्थिक भार सहे के क्षमता ना भईला से उद्धोग मे काम करेवाला २४७ जने मजदूर आ कर्मचारी मे से ६ जने कर्मचारी समेत १९७ मजदूर के उद्धोग से निकाले के सूचना उद्धोग व्यवस्थापन समिति सार्वजनिक कईले बा ।

उद्धोग श्रमएन के हिसाब से उचित क्षतिपूर्ति आ उपदान सुबिधा दे के ही कर्मचारी के बिदा करे के कहला पर भी मजदूर लोग बड़का आर्थिक मांग उद्धोग के आगा रखला के बाद उद्धोग व्यवस्थापन आ कर्मचारी के बीच विवाद बढ़ल रहे ।

कर्मचारी आ मजदूर के मंगल क्षतिपूर्ति आ उपदान सुबिधा के बिषय मे दुणु पक्ष के बीच दु बेर बैठक भईला पर भी कौनों सहमति ना बने सकला बाद कर्मचारी आ मजदूर मंगर के दिन से उद्धोग के मुख्य द्वार पर धर्ना दे के बैठल बा लोग ।

उद्धोग से हटावल गईल कर्मचारी आ मजदूर के उद्धोग जेतना साल काम कईले बा लोग ओतना महिना के तलब भत्ता जोड़ के देवे के जानकारी करवले बा । पर आन्दोलन मे उतरल कर्मचारी आ मजदूर लोग १०/१० लाख हर मजदूर आ कर्मचारी के उद्धोग के तरफ से मिले के चाहि के आड़ान बा अखिल नेपाल ट्रेड यूनियन इकाई के अध्यक्ष पटेल जानकारी देहले बाड़े ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here