ऐक क्लास मे पढेवाला लड़की के घास काटे जात बेर भईल समूहिक बलात्कार ।

235

वीरगंज, फागुन १७ ।

क्लास ऐक मे पढ़ रहल लड़की के घास काटे जाए बेर समूहिक बलात्कार भइल बा । पर्सा जिल्ला के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के वाड न. ५ निचुटा के रहेवाली आठ वर्षीय नाबालिक के तिन जना युवक मिल के सामूहिक बलात्कार कईले बा लोग । निचुटा के ही समुदायीक स्कूल के क्लास १ मे पढ़ रहल लड़की के मछरी देवे के लोभ देखाके उ तिन जने बुध के सझिया के समय के मौका देखके बलात्कार कईले बा लोग ।

बलात्कार के सिकार भईला से गम्भीर घायल भइल लड़की के वीरगंज के नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । लड़की के शल्यक्रिया कईला के बादो अभिन भी उनकर अवस्था चिंताजनक रहल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गणेश रेग्मी बतवले बानी ।

बुध के सझिया के स्कूल के पढ़ाई खतम करके घर मे अईला के बाद बकरी खातिर घास लेवे खातिर उ आपन संघतिया संघे गाँव लगेके खेत मे गइल रहली । खेत लगेके पोखरी मे मछरी मारत मलाह सब मे से तिन गो युवा उ दुनु लड़की के मछरी देवे के लालच देके अलग एकान्त कोना मे लेजा के जबर्जस्ति करेके खोजत बेर एक लड़की जईसहू भागे मे सफल भईल रहली । बाक़िर दोसर लड़की ओतना खुदकिस्मत ना रहली, उनका के पीटपाट करत ई तीनु पारी पारी करके बलात्कार कईले रहे लोग ।

दिन के पढ़ाई खतम करके जब लड़की घर वापस ना अइली त उनकर बाबू उनका के खोजत खोजत उनके घर लगेके खाली खेत मे बेहोस अवस्था मे मिलल रहली ।

नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे बियफे के सबेरे उपचार करा रहल अवस्था मे मिलल लड़की के बाबू कहले की ‘बेटी केनहु ना मिलला के बाद घर के पिछा जात बेर उनका के बेहोस अवस्था मे देखले रहली ।’ बेटी के बेहोस अवस्था मे देखला के बाद उनका के तुरुन्ते एम्बुलेंस बोलाके अस्पताल पुगावल गइल रहे । अभिन तक भी लड़की बोलेके अवस्था मे नईखी । डॉक्टर के मुताबिक अभिन भी उनकर अवस्था चिन्ताजनक ही बा ।

बालत्कार मे फसल तीनु युवा के प्रहरी नियन्त्रण मे ले लेहल प्रहरी उपरीक्षक रेग्मी बतवनि । आवश्यक अनुसन्धान खातिर ११ जने के नियन्त्रण मे लहले रहनी उ कहले ‘ओमे से तीन आदमी के सरिक भईल लउकल, ओकनी के स्वस्थ्य परीक्षण करावे खातिर नारायणी अस्पताल मे भेजले बानी सन, तीन गोड़े मे से एक जनेके त यौनङ्ग ही फाटल बा । पक्राउ परल तीनु जनेके शूकरबार के सार्वजनिक कईल जाई उ बतवले ।

साभार – thehimalayantimes

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here