“ओभरटेक” कईल बड़का भारी गल्ती होई : प्रचण्ड देहले प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री के चेतावनी

    211

    जनकपुरधाम, ६ कार्तिक

    सत्तारूढ दल नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल “प्रचण्ड” प्रदेश नम्बर २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी के केन्द्र सरकार के ओभरटेक करे के प्रयास ना करे के ना त दुर्घटना हो सकता सार्वजनिक रूप से ही चेतावनी देहले बाड़े ।

    नेकपा के प्रदेश २ के कार्यालय उद्धघाटन आ शुभकामना आदानप्रदान कार्यक्रम मे मंगर के दिने प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत के भी बोलावल गईल रहे ।

    कार्यक्रम के सम्बोधन करत प्रचण्ड प्रदेश प्रहरी एन ऊपर असंतुष्टि जनवले । कुछ बिधेयक ना बनेके चाहि आ सरकार समबैधानिक संकट मे परे के उदेश्य राख़ के बिधेयक के बनावल गईल बतावत, उ बहुते मेहनत कर के मौलिक हक सम्बन्धी बिधेयक बनावल बा बतवले ।

    प्रचण्ड संघीय प्रहरी एन बनावे मे कुछ समय लागल स्वीकार कईले पर तनी समय लाग गईल के मतलब यी ना की संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के संविधान बनावे के , समानुपातिक समवेसि के स्थापित करेवाला नेतृत्व उपरनीचे करे के, रास्ता पर दुर्घटना होखे जईसन ओभारटेक करे के प्रयास गल्ती होई, हम मुख्यमन्त्री के कहे के चाहत बानी प्रचण्ड चेतावनीपूर्ण भाषा मे कहले ।

    कर्मचारी प्रदेश २ के ही खाली ना सारा प्रदेश सरकार के चाही आ एकरा खातिर हमनी बहुते गंभीर रूप से सोच रहल बानी । नया संबिधान भी पहिले संघीय प्रहरी एन बनावे के आ ओकरा भीतर प्रदेश आफ्ना स्थिति के हिसाब से एन बनावे के परिकल्पना कईल स्मरण कईले ।

    “सिंहदरबार के अधिकार गाँवगाँव मे” कहल नारा हम आगा लियावनी दाबी करत अपना मिलल अधिकार भी छिनाए के हिसाब से आगा बढल मूर्खता ह कहले ।

    प्रदेश २ के विकास के हमनी के पार्टी आपना प्राथमिकता मे रखले बा क़हत नेकपा अध्यक्ष प्रचण्ड अतिवाद आ बिखण्डन ओर ना जाएके प्रदेश नम्बर २ के जनता के निहोरा कईले । श्रोत अनलाइन खबर

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here